[the_ad_group id="30365"]

Ajit Pawar Demise : ‘अजित पवार’ पंचतत्व में विलीन, बारामती में नम आंख से दिहल गइल अंतिम विदाई 

Ajit Pawar’s last rites in Baramati as family members and supporters gather to pay final respects
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। महाराष्ट्र के उपमुख्यमंत्री अजित पवार के बियफे के उनका गृहनगर बारामती में पूरा राजकीय सम्मान के संगे अंतिम संस्कार कइल गइल। दुखद विमान हादसा में उनका निधन के खबर मिलतही पूरा महाराष्ट्र शोक में डूब गइल। अंतिम दर्शन खातिर बारामती के विद्या प्रतिष्ठान मैदान में जनसैलाब उमड़ पड़ल। हर आंख नम रहे आ हर जुबान पs बस एके नारा-“अजित दादा अमर रहें।”

दुपहरिया में अंतिम संस्कार के विधि सुरू भइल। अजित पवार के बेटा पार्थ आ जय अपना पिता के चिता के मुखाग्नि दिहल लोग। एह दौरान पत्नी आ राज्यसभा सांसद सुनेत्रा पवार भावुक हो गइली आ आंसू रोक ना सकलें। जब अजित पवार के पार्थिव देह राष्ट्रीय ध्वज में लिपट के काटेवाड़ी गांव से विद्या प्रतिष्ठान मैदान ले आवल गइल, तs हजारन समर्थक नारा लगावत भावभीनी विदाई दिहल लोग। पूरा इलाका गमगीन माहौल में डूब गइल।

एह दुखद घड़ी में देस आ राज्य के कइयन गो दिग्गज नेता बारामती पहुंचल लोग। केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह, नितिन गडकरी, मुरलीधर मोहोल सहित कइयन गो केंद्रीय मंत्री श्रद्धांजलि दिहल लोग। एनसीपी (एसपी) प्रमुख शरद पवार चुपचाप अपना भतीजा के अंतिम विदाई देत नजर अइलें। मुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस आ उपमुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे पहुंच के पुष्पचक्र अर्पित कइल लोग। सुप्रिया सुले पूरा समय सुनेत्रा पवार के संगे खड़ा रह के हिम्मत बंधावत रहली।

अजित पवार अपना अनुशासन आ सादगी खातिर जानल जात रहलें। अंतिम संस्कार के दौरान लाउडस्पीकर से बार-बार शांति बनाये रखे के अपील कइल जात रहे। प्रशासन के कहनाम रहे कि अनुशासन बना के रखले ‘दादा’ खातिर सच्चा श्रद्धांजलि बा।

बता दीं कि बुध के अजित पवार के विमान बारामती एयरस्ट्रिप के लगे दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। लैंडिंग से करीब 200 मीटर पहिलही विमान गिर पड़ल आ आग पकड़ लेलस। एह हादसा में अजित पवार सहित चार आउर लोगन के जान चल गइल। पुलिस ममिला दर्ज कs के जांच सुरू कs देले बा आ विमान के ब्लैक बॉक्सो बरामद कs लिहल गइल बा। सुरुआती जांच में खराब दृश्यता के हादसा के कारण मानल जा रहल बा।

Read Also: UGC Regulations 2026 : यूजीसी के नया नियमन पs सुप्रीम कोर्ट लगवलस रोक, अगिला आदेस तक 2012 वाला नियम लागू

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]