कोलकाता। पश्चिम बंगाल में चुनाव आयोग बड़ कार्रवाई कइले बा। मतदाता सूची के गहन पुनरीक्षण (एसआईआर) के काम में गड़बड़ी के आरोप में सात अफसरन के निलंबित कइल गइल बा। चुनाव आयोग गंभीर कदाचार के दोषी मानत एह अफसरन के तत्काल प्रभाव से हटा देले बा। एकरा संगही राज्य के मुख्य सचिव के निरदेस दिहल गइल बा कि एह ममिला में अनुशासनात्मक कार्रवाई सुरू कइल जावs।
निलंबित कइल गइल सब अफसर एसआईआर प्रक्रिया में सहायक मतदाता पंजीकरण अधिकारी के रूप में काम करत रहलें। चुनाव आयोग जनप्रतिनिधित्व अधिनियम 1950 के धारा 13सीसी के तहत ई कार्रवाई कइले बा।
निलंबित कइल गइल अफसर आमतौर पs राज्य सरकार के कर्मचारी रहे ला लोग, जे बूथ स्तर अधिकारी आ निर्वाचक पंजीकरण अधिकारी के रूप में मतदाता सूची अपडेट करे आ चुनावी प्रक्रिया में सहजोग खातिर आयोग में प्रतिनियुक्त कइल जालें।
आयोग के आदेस के हवाला देत अफसर लोग बतावल कि पश्चिम बंगाल के मुख्य सचिव नंदिनी चक्रवर्ती के निरदेस दिहल गइल बा कि संबंधित अफसरन के खिलाफ बिना देरी कइले अनुशासनात्मक कार्रवाई सुरू कइल जावs। एह कार्रवाई के जानकारी आयोग के भेजे के कहल गइल बा।
निलंबित अफसरन के सूची
- डॉ. सफी उर्रहमान- एईआरओ, सहायक निदेशक, कृषि विभाग, 56-समसेरगंज विधानसभा क्षेत्र, मुर्शिदाबाद
- नीतीश दास- राजस्व अधिकारी, फरक्का आ 55-फरक्का विधानसभा क्षेत्र खातिर एईआरओ
- डालिया रे चौधरी- एईआरओ, महिला विकास कार्यालय, मैनागुड़ी प्रखंड आ 16-मैनागुड़ी विधानसभा क्षेत्र
- एसके मुर्शिद आलम- एडीए, सूती ब्लॉक आ 57-सूती विधानसभा क्षेत्र खातिर एईआरओ
- सत्यजीत दास- संयुक्त बीडीओ आ 139-कैनिंग पुरबो विधानसभा क्षेत्र खातिर एईआरओ
- जॉयदीप कुंडू- एफईओ आ 139-कैनिंग पुरबो विधानसभा क्षेत्र खातिर एईआरओ
- देबाशीष बिस्वास- संयुक्त बीडीओ आ 229-डेबरा विधानसभा क्षेत्र खातिर एईआरओ







