AI Summit : दिल्ली में आज से सबसे बड़ AI समिट, पीएम मोदी बोललें-‘दुनिया के हमनी के सामर्थ्य के पता चली’

By Shweta Supriya

Published on: Feb 16, 2026

नई दिल्ली। दिल्ली में आज से सबसे बड़ AI समिट सुरू हो रहल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 16 फरवरी 2026 के सांझ 5 बजे नई दिल्ली के भारत मंडपम में इंडिया एआई इम्पैक्ट एक्सपो 2026

Share

नई दिल्ली। दिल्ली में आज से सबसे बड़ AI समिट सुरू हो रहल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 16 फरवरी 2026 के सांझ 5 बजे नई दिल्ली के भारत मंडपम में इंडिया एआई इम्पैक्ट एक्सपो 2026 के उद्घाटन करिहें। एह मवका पs पीएम मोदी कहलें कि भारत विज्ञान आ टेक्नोलॉजी के क्षेत्र में तेजी से आगे बढ़ रहल बा।

पीएम मोदी एक्स पs लिखलें, “ई हमनी खातिर बहुत गरब के बात बा कि इंडिया एआई इम्पैक्ट समिट खातिर दुनिया भर से लोग भारत आ रहल बा। एकरा से देस के युवा शक्ति आ सामर्थ्य के पहचान होत बा। ई मवका इहो साबित करत बा कि भारत विज्ञान आ टेक्नोलॉजी में तेजी से प्रगति करत बा आ वैश्विक विकास में अहम भूमिका निभावत बा।”

दिल्ली में होई एआई के राष्ट्रीय प्रदर्शन

इंडिया एआई इम्पैक्ट एक्सपो 2026, समिट के संगे आयोजित होई आ ई एगो राष्ट्रीय स्तर के प्रदर्शनी होई। एमे 600 से जादे हाई-पोटेंशियल स्टार्टअप आ 13 देस के पवेलियन होई, जवन एआई इकोसिस्टम में अंतरराष्ट्रीय सहजोग के झलक दिखाई। एह एक्सपो में ग्लोबल टेक कंपनी, स्टार्टअप, एकेडेमिया, रिसर्च संस्थान, केंद्र आ राज्य सरकार आ इंटरनेशनल पार्टनर एक संगे जुटी लोग।

आज समिट के पहिला दिन

समिट के पहिला दिन 16 फरवरी से सुरू होई। एह दिन रोड सेफ्टी खातिर आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस पs खास फोकस होई। भारत में सड़क सुरक्षा बेहतर बनावे खातिर डेटा-ड्रिवन समाधान पs चरचा होई। पहिला सेशन में ई देखल जाई कि एआई कइसे सड़क हादसा कम करे में मददगार हो सकेला।

एह दौरान एक्सीडेंट पैटर्न समझे, जोखिम के अनुमान लगावे आ समय रहते कदम उठावे खातिर डेटा आधारित तरीकन पs जोर दिहल जाई। सुरक्षित यातायात, ड्राइवर ट्रेनिंग आ हाइपरलोकल मॉडल तइयार करे खातिर स्केलेबल एआई एप्लिकेशनो पs विस्तार से चरचा होई।

Read Also: IND vs PAK : टी20 वर्ल्ड कप में भारत के दबदबा, पाकिस्तान के 8वां बेर धूल चटवलस, इहां देखीं सब जीतन के लिस्ट 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.