कोलकाता। पश्चिम बंगाल में प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) सोमार के दिन बड़ कार्रवाई कइलस। ईडी के टीम अलग-अलग इलाका में छापेमारी कइलस। ई पूरा कार्रवाई एगो अवैध कॉल सेंटर चलावे आ लोगन से ठगी करे के ममिला से जुड़ल बा।
अधिकारियन के अनुसार सिलीगुड़ी, हावड़ा, बिधाननगर आ दुर्गापुर सहित कुल करीब 10 जगहन पs तलाशी लिहल गइल। एह मामिला में सुरश्री कर, सम्राट घोष आ सुभजीत चक्रवर्ती के नाम मुख्य रूप से सामने आइल बा। एजेंसी अब ई लोग आ एह संगी-साथियन के ठिकानन पs जरूरी सबूत खोजत बिया। एह लोगन पs आरोप बा कि कॉल सेंटर के माध्यम से बहुत सारा मासूम लोग के शिकार बनावल गइल आ उनका से बड़ रकम ठगी कइल गइल।
अभी तक ई साफ नइखे भइल कि ई ममिला चुनावी फंडिंग भा राजनीति से जुड़ल बा कि नइखे। जांच एजेंसी हर पहलू से ममिला के पड़ताल कs रहल बा। ईडी के अधिकारी जब्त कइल दस्तावेज आ सामान के जांच करत बाड़ें ताकि एह गिरोह के पूरा सच सामने आ सके।
ई छापेमारी ओह समय भइल बा जब बंगाल में चुनावी माहौल पूरा तरे गरम बा। चुनाव आयोग हाले में राज्य में विधानसभा चुनाव के तारीख घोषित कइले बा। बंगाल में 23 अप्रिल आ 29 अप्रिल के दू चरण में मतदान होखे वाला बा। चुनाव के नतीजा 4 मई के असम, केरल, तमिलनाडु आ पुडुचेरी के संगे घोषित कइल जाई।








