[the_ad_group id="30365"]

Air India : न्यूयॉर्क से दिल्ली आ रहल एअर इंडिया फ्लाइट तकनीकी खामी के चलते आयरलैंड डायवर्ट, जानीं का बा अपडेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेट्रल डेस्क। एअर इंडिया के न्यूयॉर्क से दिल्ली आवे वाली एगो फ्लाइट में तकनीकी खराबी के शक के चलते सोमार के सबेरे एहतियातन डेग उठावल गइल कि विमान के आयरलैंड के शैनन एयरपोर्ट पs डायवर्ट कइल गइल। फ्लाइट में करीब 300 यात्री सवार रहलें।

एअर इंडिया के प्रवक्ता के बयान अनुसार, 15 मार्च के न्यूयॉर्क (जेएफके) से दिल्ली जाये वाली फ्लाइट AI102 में संभावित तकनीकी समस्या देखल गइल। एयरलाइन के जानकारी में कहल गइल कि विमान स्थानीय समय अनुसार सबेरे 4:30 बजे शैनन एयरपोर्ट पs सुरक्षित लैंडिंग कइलस। फ्लाइट में सवार सब यात्री आ चालक दल सब सुरक्षित बा।

प्रवक्ता बतवलें कि विमान के स्थापित सुरक्षा मानक के तहत पूरा तकनीकी जांच हो रहल बा। एअर इंडिया कहलें कि यात्रियन के सुरक्षा सबसे बड़ प्राथमिकता हs आ एह कारण से एहतियातन ई फैसला लिहल गइल। फ्लाइट ट्रैकिंग वेबसाइट फ्लाइटराडार 24 के आंकड़ा के अनुसार, विमान करीब छव घंटा हवा में रहला के बाद शैनन के ओर डायवर्ट कइल गइल।

Read Also: Bengal : बंगाल में ED के बड़ कार्रवाई, अवैध कॉल सेंटर ममिला में सिलीगुड़ी-हावड़ा सहित 10 ठिकानन पs छापेमारी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]