West Asia Crisis : भारत में LPG सप्लाई पs असर, चेन्नई-मुंबई-बंगलूरू में होटल कारोबार पs पड़ल असर

Share

नई दिल्ली। पश्चिम एशिया में बढ़त संघर्ष के असर अब वैश्विक तेल-गैस सप्लाई पs साफ नजर आवे लागल बा। तेल आ गैस के आपूर्ति में आइल रुकावट के असर अब भारत तक पहुंचत देखाई दे रहल बा। देस में कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर के कमी के खबर से होटल आ रेस्टोरेंट इंडस्ट्री के चिंता बढ़ गइल बा। एही कारण से चेन्नई, मुंबई आ बंगलूरू जइसन बड़ शहरन में कइयन गो होटलन के कामकाज प्रभावित हो गइल बा।

उद्योग से जुड़ल संगठनन के कहनाम बा कि कइयन जगह गैस के नियमित सप्लाई बाधित हो रहल बा, जवना से होटल आ रेस्टोरेंट के रसोई चलावल मुश्किल हो गइल बा आ कारोबार पs सीधा असर पड़ रहल बा। एह स्थिति के देखत होटल आ रेस्टोरेंट इंडस्ट्री के प्रमुख संगठन फेडरेशन ऑफ होटल एंड रेस्टोरेंट एसोसिएशन ऑफ इंडिया (FHRAI) पेट्रोलियम आ प्राकृतिक गैस मंत्री हरदीप सिंह पुरी के चिट्ठी लिख के हस्तक्षेप करे के मांग कइले बा।

संगठनन के चिट्ठी में का कहल गइल?’

FHRAI आपन पत्र में लिखले बा कि जमीन स्तर पs गैस सिलेंडर के सप्लाई में भारी रुकावट आ रहल बा। कइयन गो गैस डिस्ट्रीब्यूटर 5 मार्च के कथित सरकारी आदेस के हवाला देके कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर देवे से मना करत बा। एकरा से होटल आ रेस्टोरेंट चलावे में बहुते दिक्कत हो रहल बा। संगठन के महासचिव जैसन चाको कहले बाड़ें कि सरकार के तुरंत साफ निरदेस जारी करे के जरूरत बा।

ऊ लोग मांग कइले बा कि सरकार साफ करे कि होटल आ फूड सर्विस सेक्टर खातिर कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर के सप्लाई पs कवनो रोक नइखे। संगही सब ऑयल मार्केटिंग कंपनी के निरदेस दिहल जावs कि ऊ बिना रुकावट गैस सिलेंडर के सप्लाई सुनिश्चित करे।

NRAI जतवलस चिंता

दूसरका ओर रेस्टोरेंट इंडस्ट्री के बड़ संगठन भारतीय राष्ट्रीय रेस्तरां संघ (NRAI) एह मुद्दा पs चिंता जतवले बा। संगठन के कहनाम बा कि गैस सप्लायर रेस्टोरेंट इंडस्ट्री के मांग पूरा करे में असमर्थता जता रहल बा लोग, जवना से कारोबार बुरा तरे प्रभावित हो रहल बा।

NRAI सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X पs पोस्ट कs के कहले बाड़ें कि खबरन के मोताबिक सरकार साफ कइले बा कि रेस्टोरेंट इंडस्ट्री खातिर कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर के सप्लाई पs कवनो प्रतिबंध नइखे। बाकिर जमीन पs हालात कुछ आउर बा आ कइयन गो सप्लायर गैस देवे से मना करत बाड़ें।

संगठन सरकार से अपील कइले बा कि एह ममिला में जल्दी से जल्दी स्पष्टीकरण देके हस्तक्षेप कइल जावs, काहे कि होटल आ रेस्टोरेंट आम लोग के खाना उपलब्ध करावे जइसन जरूरी सेवा से जुड़ल बा। अगर गैस के कमी जारी रहल तs एकरा से असर आम नागरिकन पs पड़ सकेला।

Read Also: Bhojpuri Sangam : भोजपुरी संगम के 193वीं मासिक ‘बइठकी’ में भोजपुरी कहानी ‘हम तरि गइलीं’ के भइल समीक्षा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-