Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Weather Update: दिल्ली-NCR के मौसम में अचानक बदलाव, आसमान में पसरल धूल के चादर

दिल्ली-एनसीआर के कई इलाका में सबेरे से धूल के चादर बा। काल्हु रात से तेज हवा चलत बा। जवना के चलते आसमान में धूल के चादर देखाई देता।

277
Google Ads 300*250 for posts

 

मंगल के सबेरे दिल्ली-एनसीआर में तपल गरमी के बीच मौसम में अचानक बदलाव आईल। दिल्ली एनसीआर के कई इलाका में धूल से भरल हवा चलल आ आसमान में धूल के कम्बल लउकत रहे। धूल के चलते विजिबिलिटी भी कम रहे।

दिल्ली-एनसीआर के कई इलाका में सबेरे से धूल के चादर बा। काल्हु रात से तेज हवा चलत बा. जवना के चलते आसमान में धूल के चादर देखाई देता। एकरा चलते आईजीआई हवाई अड्डा पे विजिबिलिटी 1100 मीटर तक कम हो गईल बा।

पिछला पांच दिन से लोग के कड़ा गरमी के सामना करे के पड़त रहे। एह दौरान कई इलाका सभ में अधिकतर तापमान 40 डिग्री से ऊपर रहल। मौसम विभाग के कहना बा कि दिल्ली-एनसीआर के कुछ इलाका में आजु आ काल्हु हल्का बूंदाबांदी हो सकेला। लेकिन लोग के गरमी से राहत मिले के उम्मेद नईखे।

एकरा संगे बुधवार के हल्का बरखा के संगे आंशिक रूप से बादल छाए वाला आसमान के संभावना बा। अधिकतम तापमान जवन रिकार्ड कइल जा सकेला ऊ 42 डिग्री बा। मौसम विभाग के मुताबिक सोमवार के नजफगढ़ इलाका में सबसे जादे गरम रहे, जहां अधिकतम तापमान 43.9 डिग्री अवुरी न्यूनतम तापमान 26.7 डिग्री रहे। एकरा संगे नरेला इलाका के अधिकतम तापमान 42.3 डिग्री सेल्सियस दर्ज भईल, जबकि न्यूनतम तापमान 24.2 डिग्री सेल्सियस दर्ज भईल।

 

 

 

 

 

546950cookie-checkWeather Update: दिल्ली-NCR के मौसम में अचानक बदलाव, आसमान में पसरल धूल के चादर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.