Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मौसम रिपोर्ट : दिल्ली में कब बरखा होई, यूपी बिहार में कब बरखा होई?

मौसम के ताजा हालात के बारे में जानीं

553

महाराष्ट्र, गुजरात आ असम समेत कई गो राज्यन में जहाँ बाढ़ आ बरखा का चलते हालात गंभीर हो गइल बा ओहिजा दिल्ली, यूपी आ बिहार के जनता बेसब्री से बरखा के इंतजार करत बा. ओने मौसम विभाग ट्वीट क के राजस्थान में 15 अवुरी 16 जुलाई के, उत्तर प्रदेश अवुरी हिमाचल प्रदेश में 19 जुलाई के अवुरी उत्तराखंड में 18 अवुरी 19 जुलाई के भारी बरखा होखे के भविष्यवाणी कईले बा।

बिहार में कब बरखा होई?

मौसम विभाग के मुताबिक बिहार में 18 जुलाई के बाद ही मानसून सक्रिय रही। वर्तमान में एकरा से पहिले बरखा के संभावना बहुत कम बा। आईएमडी प्रमुख के मुताबिक, मानसून के गर्त पछिला एक सप्ताह से लगभग एकही जगह से गुजरला के चलते बिहार, झारखंड अवुरी उत्तर प्रदेश में बरखा नईखे होखत। 17 जुलाई तक हालात अयीसने रही।

यूपी में कब बरखा होई?

भारत मौसम विभाग के मुताबिक 18 जुलाई से उत्तर प्रदेश में भारी बरखा होखे के अनुमान बा, जवन 23 जुलाई तक जारी रहे के अनेसा बा। मौसम विभाग के मुताबिक आज अर्थात 16 जुलाई के पूर्वी अवुरी पश्चिम उत्तर प्रदेश के अलग-अलग हिस्सा में हल्का से मध्यम बरखा होखे के संभावना बा। मौसम विभाग के मुताबिक, पाकिस्तान प बनल चक्रवात के चलते ए समय मानसून के असर गुजरात अवुरी महाराष्ट्र प जादे बा, जबकि जदी चक्रवात के असर ना होईत त यूपी अवुरी दिल्ली में मानसून के बरखा होखत।

दिल्ली वालन के इंतजार अगिला हफ्ता खतम हो जाई

राजधानी दिल्ली में मानसून शुरू होखला के बाद भी लोग के बरखा के इंतजार खतम नईखे होखत। पिछला कई दिन से सूरज आ बादर के बीच लुका-छिप के खेल चल रहल बा। हालांकि मौसम विशेषज्ञ के कहनाम बा कि अगिला सप्ताह से मौसम में बदलाव के चलते लोग के निमन बरखा के इंतजार खतम हो सकता। स्काईमेट वेदर के मुख्य मौसम वैज्ञानिक महेश पलावत के मुताबिक वर्तमान में मानसून गर्त के धुरी मध्य भारत के ऊपर बनल बा। हालांकि एकर कुछ हिस्सा उत्तर के ओर बढ़ रहल बा। अइसना में संभावना बा कि अगिला हफ्ता ले धुरी पूरा तरह से उत्तर दिशा में चहुँप जाई जवना का चलते बढ़िया बरखा होखे के उमेद बा. कुछ जगहा 20 जुलाई तक रुक-रुक के बरखा जारी रही।

महाराष्ट्र में अब तक 102 लोग के मौत हो गईल बा

महाराष्ट्र में अबले एह मानसून मौसम में बरखा का चलते भइल हादसा में 102 लोग के मौत हो गइल बा. एहमें से तीन गो मौत पिछला 24 घंटा में भइल बा. राज्य आपदा प्रबंधन प्राधिकरण बियफे का दिने मौजूदा मानसून मौसम (1 जून से 14 जुलाई ले) के रिपोर्ट जारी कइलसि. महाराष्ट्र में पिछला 24 घंटा में बुलधाना, नासिक आ नन्दरबार जिला में एक आदमी के मौत हो गइल आ दू लोग लापता बा.

दक्षिण गुजरात, सौराष्ट्र, राजस्थान में भी बारिश लगातार तबाही मचा रहल बा

दक्षिण गुजरात आ सौराष्ट्र में बरखा के तबाही बियफे का दिनो जारी रहल. भारी बारिश के चलते सामान्य जीवन बाधित हो गईल। शुक्रवार के दुनो क्षेत्र के 6 तालुका में 200 मिमी बरखा दर्ज भईल। मौसम विभाग अगिला 24 घंटा में ए क्षेत्र में भारी से बहुत भारी बरखा होखे के चेतावनी जारी कईले बा। नवसारी में एक दिन में 811 लोग के सुरक्षित जगह प ले आवल गईल। राज्य में भईल भारी बरखा के चलते अभी तक 90 से जादा लोग के मौत हो चुकल बा।

असम में बाढ़ से 2,10,746 लोग प्रभावित

समाचार एजेंसी पीटीआई के मुताबिक, असम में अबहियों 2,10,746 लोग बाढ़ के चपेट में बाड़े। असम राज्य आपदा प्रबंधन प्राधिकरण (एएसडीएमए) के मुताबिक, काचार जिला में एगो अवुरी आदमी के मौत हो गईल, जवना से राज्य में बाढ़ अवुरी भूस्खलन के चलते मरेवाला लोग के संख्या 194 हो गईल। सबसे जादे प्रभावित काचार में अबहियो 1,20,118 लोग बाढ़ से जूझत बाड़े, जबकि मोरिगांव में 89,234 लोग प्रभावित बाड़े। छह जिला के कुल 799 गाँव अबहियो पानी में डूबल बा.

जम्मू कश्मीर में चिनाब नदी में बाढ़

जम्मू कश्मीर के डोडा जिला में भारी बरखा का चलते चिनाब नदी के जलस्तर बढ़ गइल बा. सरकार तटीय इलाकन में रेड अलर्ट जारी कइले बिया. राजस्थान में भी बरखा के चलते श्रीगंगानगर में बहुत जगह पानी भर गईल।

295380cookie-checkमौसम रिपोर्ट : दिल्ली में कब बरखा होई, यूपी बिहार में कब बरखा होई?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.