[the_ad_group id="30365"]

…ली, अब बाजार में आ गइल ‘मोदी कूलर’, भीषण गरमी में कs रहल बा ठंडक के अहसास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एक ओर जहां देश में चुनावी उमंग जोर शोर से चलता तs दोसरा ओर मौसम के तपत गरमी जनता के झुलसा रहल बा। अयीसना में लोग ठंडा के महसूस करे खातीर कूलर अवुरी एसी के दोकान के ओर भागतारे। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के संसदीय क्षेत्र में मोदी कूलर मशहूर बा। आजकल जनता के आकर्षण के केंद्र बन चुकल बनारस के दोकान में भाजपा ब्रांड के मोदी कूलर। बढ़त तापमान के बीच भाजपा के कूलर काशी के जनता के ठंडा महसूस करा रहल बा।

बढ़िया प्रतिक्रिया मिलल बा

दोकानदार राकेश गुप्ता के कहनाम बा कि मोदी कूलर के विचार उनुका दिमाग में आचनक से आईल। ग्राहक आके खरीदारी कs रहल बाड़े। समय के जरूरत देख के हम बनवनी आ एकरा के बढ़िया रिस्पांस मिल रहल बा. अगर केहू हमनी के बनावे के ऑर्डर देला तs हमनी के तीन से चार दिन में बनावा सकेनी जा।

बाजार में मांग बढ़ गईल

उ आगे कहले कि जईसे-जईसे पीएम मोदी अवुरी सीएम योगी के लोकप्रियता बढ़ता, ओसही बाजार में भाजपा के कूलर के मांग बढ़ता। बाजार में मोदी कूलर ब्रांड के बेचे में भी हमनी के लोकप्रियता बढ़ रहल बा।

एक जून के वाराणसी में मतदान

बता दीं कि वाराणसी संसदीय क्षेत्र में अंतिम चरण के मतदान एक जून के होखे वाला बा. एह संसदीय सीट पs पीएम मोदी समेत कुल सात गो उम्मीदवार लड़त बाड़े. कांग्रेस से अजय राय, बीएसपी से अतहर जमाल लारी, गगन प्रकाश- अपना दल (कमेरावादी), कोली शेट्टी शिवकुमार -युग तुलसी पार्टी, संजय कुमार तिवारी-निर्दलीय और दिनेश कुमार यादव आपन किस्मत आजमावत बाड़े.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]