Weather News: देश के 9 राज्यन में पड़ रहल बा भीषण गरमी, 43 डिग्री पहुंचल तापमान, इहां पs बरखा के अलर्ट

Minee Upadhyay

 

देश के कई राज्यन में बेहद गरम बा। मौसम विभाग के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक 4-6 अप्रैल के दौरान झारखंड, तेलंगाना अवुरी रायलसीमा के अलग-अलग जगह पs गरमी के लहर बनल रही अगिला तीन दिन में एह इलाकन के तापमान 2-3 डिग्री सेल्सियस बढ़ सकेला। उत्तरी आंतरिक कर्नाटक, तटीय आंध्र प्रदेश, यनम, गंगीय पश्चिम बंगाल आ ओडिशा में भी 7 अप्रैल ले गरमी जइसन हालात बनल रही। इहाँ सूरज के तेज रोशनी होई। एकरा चलते गरमी में बढ़ोतरी देखल जा सकता। एकरा अलावे केरल, माहे, तमिलनाडु, पुडुचेरी अवुरी कराईकल में 7 अप्रैल ले गरमी के संभावना बा।

तापमान 43 डिग्री सेल्सियस ले पहुंचल

मौसम विभाग के कहनाम बा कि पछिला 24 घंटा के दौरान रायलसीमा में बहुत गरमी देखल गईल। नान्डयाल में अधिकतम तापमान 43 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। एकरा साथे कर्नाटक, मध्य महाराष्ट्र आ विदर्भ के इलाकन में अधिकतम तापमान 42 डिग्री से ऊपर दर्ज कइल जा रहल बा।

एह राज्यन में भारी बरखा होखी

मौसम विभाग के मुताविक आजु आ काल्हु असम आ मेघालय में भारी बरखा के संभावना बा। एकरा संगे अरुणाचल प्रदेश में 7 अप्रैल ले भारी बरखा अवुरी बर्फबारी के अलर्ट जारी कईल गईल बा। असम, मेघालय, नागालैंड, मणिपुर, मिजोरम अवुरी त्रिपुरा में 9 अप्रैल ले हल्का से मध्यम बरखा होई। 6 से 9 अप्रैल ले गंगीय पश्चिम बंगाल, ओडिशा, झारखंड के ऊपर बिखरल हल्का आ मध्यम बारिश के साथ अलग-थलग गरज आ बिजली के संभावना बा। जबकि बिहार में 7 अवुरी 8 अप्रैल के बरखा हो सकता।

दिल्ली के मौसम

दिल्ली-एनसीआर में बुध के अधिकतम तापमान 36.6 डिग्री सेल्सियस दर्ज भईल जवन कि एs सीजन के सामान्य तापमान से तीन डिग्री सेल्सियस जादा बा। मौसम विभाग बियफ़ें के दिल्ली में बादल छाए वाला मौसम के अनुमान लगवले बा अवुरी अधिकतम तापमान 35 डिग्री अवुरी न्यूनतम तापमान 18 डिग्री सेल्सियस के अनुमान लगवले बा।

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।