वीवीएस लक्ष्मण के एशिया कप क्रिकेट टूर्नामेंट खातिर टीम इंडिया के अंतरिम कोच बनावल गइल बा। टीम के हेड कोच राहुल द्रविड एह समय कोरोना संकर्मण से जूझ रहल बाड़ें। ऊ जब ले निगेटिव नइखन हो जात तब ले लक्ष्मण जिम्मेदारी संभरिहे। एशिया कप में भारतीय टीम आपन पहिला मुकाबला 28 अगस्त के पाकिस्तान के खिलाफ खेली। टीम के दुबई रवाना होखे से पहिले राहुल द्रविड़ कोरोना पॉजिटिव निकलला के वजह से ऊ दुबई ना जा सकल रहले। अब जसहीं बीसीसीआई के मेडिकल टीम उनका के फीट घोषित करी ऊ टीम संगे जुड़ जइहें।
बता दीं कि उपकप्तान के एल राहुल, दीपक हुड्डा आ आवेश खान के संगे वीवीएस लक्ष्मण दुबई पहुंच के टीम संगे जुड़ गइल बाड़े, ई लोग जिम्म्बाब्वे दौरा के बाद हरारे से दुबई पहुंचल बा लो। भारत के एशिया कप में पहिला मुकाबला 28 अगस्त के पाकिस्तान से बा। एह एशिया कप में भारत आपन खिताब के बचाव करे उतरी जवना के आयोजन यूएई में हो रहल बा।








