- Sponsored Ads-

Voter ID Card : दु वोटर आईडी कार्ड रखला पs केतना सजा आ जुर्माना के बा प्रावधान? जरूर जान लीं ई नियम

Share

- Sponsored Ads-

सेंट्रल डेस्क। बिहार में होखे वाला विधानसभा चुनाव से पहिले राष्ट्रीय जनता दल के नेता तेजस्वी यादव के लगे 2 वोटर आईडी (Voter ID Card) कार्ड होखे के ममिला सामने निकल के आइल बा। चुनाव आयोग एह ममिला के जांच सुरू करे के फैसला लेले बा। एह खबर के सामने अइला के बाद कइयन तरे के सवाल खड़ा हो रहल बा कि का दुगो वोटर आईडी कार्ड के रखल गैर कानूनी बा? जदि हs, तs एकरा के लेके सजा आ जुर्माना के का प्रावधान बा?

वोटर आईडी कार्ड खाली एगो पहचान पत्र ना बलुक एगो अहम अधिकार हs। चुनाव में वोट डाले खातिर एह दस्तावेज के रउआ लगे होखल बहुते जरूरी बा। वोटर आईडी कार्ड निर्वाचन आयोग के ओर से जारी कइल जाला। ओहिजा, जदि एगो व्यक्ति जानबूझके भा अनजाने में दुगो वोटर आईडी कार्ड अपना लगे रखत बा तs ई गंभीर अपराध होखला के संगे-संगे निष्पक्ष लोकतांत्रिक प्रक्रिया पs कइयन तरे के सवाल खड़ा करत बा। जदि कवनो व्यक्ति जानबूझके दुगो वोटर आईडी कार्ड बनवावत बा तs एकर गिनती चुनावी धोखाधड़ी में कइल जाला।

मतदान के समय वोटर आईडी कार्ड एगो जरूरी दस्तावेज बा। लोकसभा चुनावन से लेके विधानसभा चुनावन में एकर मान्यता होला। नियमन में स्पष्ट एह बात के उल्लेख बा कि एगाे व्यक्ति खाली एगो वोटर आईडी कार्ड अपना लगे रख सकत बा।

सजा आ जुर्माना के का बा प्रावधान?

  • जदि कवनो मतदाता के लगे 1 से जादे Voter ID Card  बा तs पकड़ल गइला पs ओकरा कइयन तरे के दिक्कतन के सामना करे के पड़ सकत बा।
  • एक से जादे वोटर आईडी कार्ड जदि रउआ लगे मिलत बा तs रउआ 1 साल के जेल भा भारी जुर्माना के सामना करे के पड़ सकत बा।
  • एकरा अलावे रअआ पs जुर्माना आ जेल दुनो हो सकत बा।,
  • जदि रउआ लगे गलती से दुगो वोटर आईडी कार्ड बा तs ओकरा के तुरंत कैंसिल करावल जरूरी बा।
  • रउआ चुनाव आयोग के वेबसाइट पs विजिट कs के आपन वोटर आईडी कार्ड के कैंसिल करा सकत बानी।
  • चुनाव आयोग के वेबसाइट पs विजिट कइला के बाद रउआ पुरान वोटर आईडी कार्ड के रद्द करावे के विकल्प मिल जाई।
  • जदि रउआ लगे दुगाे पैन कार्ड बा तs इहो गैर कानूनी बा। एक से जादे पैन कार्ड होखला पs रउआ ओकरा के सरेंडर करा देवे के चाहीं।

Read Also : बदल गइल UPI के नियम: पेमेंट करे से पहिले जान लीं ई 5 बड़ बात

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-