Vice President Election : आज से नामांकन प्रक्रिया सुरू, चुनाव आयोग जारी कइलस अधिसूचना; नव सिंतबर के होई मतदान

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 7, 2025

सेंट्रल डेस्क। जगदीप धनखड़ के उपराष्ट्रपति पद से इस्तीफा के बाद देस में एह बात के लेके हलचल तेज हो गइल बा कि आखिर अब भारत के अगिला उपराष्ट्रपति के होई? एकरा खातिर अगिला महीना के

Share

सेंट्रल डेस्क। जगदीप धनखड़ के उपराष्ट्रपति पद से इस्तीफा के बाद देस में एह बात के लेके हलचल तेज हो गइल बा कि आखिर अब भारत के अगिला उपराष्ट्रपति के होई? एकरा खातिर अगिला महीना के नव सितंबर के चुनाव होखे के बा। एही सिलसिला में चुनाव आयोग बियफे के एकर अधिसूचना जारी कइलस।

एमे बतावल गइल बा कि उपराष्ट्रपति पद के चुनाव खातिर उम्मीदवारन के नामांकन दाखिल करे के प्रक्रिया सुरू हो गइल बा। चुनाव आयोग के अनुसार, नामांकन दाखिल करे के आखिरी तारीख 21 अगस्त बा। 22 अगस्त के नामांकन पत्रन के जांच कइल जाई आ 25 अगस्त नाम वापस लेवे के आखिरी तारीख होई।

बता दीं कि ई चुनाव पूर्व उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ के इस्तीफा के बाद हो रहल बा, जे 21 जुलाई के स्वास्थ्य कारणन के हवाला देत पद छोड़ देले रहस। उनकर कार्यकाल अगस्त 2027 तक रहे। भारतीय संविधान के मोताबिक जदि उपराष्ट्रपति के चुनाव कार्यकाल के बीच में होला तs नव निर्वाचित व्यक्ति के पूरा 5 साल के कार्यकाल मिलेला।

समझीं उपराष्टपति पद खातिर का बा योग्यता?

बात जदि एह पद खातिर तय कइल गइल योग्यता के करीं तs उपराष्ट्रपति बने खातिर उम्मीदवार के भारत के नागरिक होखल, कम से कम 35 साल के उमिर होखल आ राज्यसभा सदस्य बने के योग्यता होखल जरूरी बा। एकरा अलावे, उम्मीदवार कवनो सरकारी पद पs ना होखे के चाहीं।

के-के एह चुनाव में कs सकी वोट?

ओहिजा, अब बात अगर एह चुनाव में वोट करे वाला लोगन के करीं तs उपराष्ट्रपति के चुनाव लोकसभा आ राज्यसभा के सदस्य मिलके करेला लो। अबकी बेर लोकसभा में एक सीट (बसीरहाट, पश्चिम बंगाल) आ राज्यसभा में 5 सीट खाली बा। कुल मिलाके 786 सांसद वोट देवे खातिर पात्र बा लो आ जीत खातिर 394 वोटन के जरूरत होई।

अइसन में एनडीए गठबंधन के लगे लगभग 422 सांसदन के समर्थन बा, एहिसे एनडीए के उम्मीदवार के जीत तय मानल जा रहल बा। बता दीं कि ई चुनाव गुप्त मतदान प्रणाली से होई, जेमे सांसदन के प्राथमिकता के आधार पs वोट देवे के होला।

Read Also: Teacher Transfer : सीएम नीतीश कुमार के शिक्षक तबादला के लेके बड़ निरदेस, अब तीन जिलन के विकल्प दिहल जा सकी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.