टेक डेस्क। चीन के स्मार्टफोन कंपनी Vivo आज भारत में आपन नया V70 सीरीज लॉन्च करे जा रहल बा। एह सीरीज में दूगो धांसू फोन- वीवो V70 आ वीवो V70 एलीट पेश होखे के उम्मीद बा। लॉन्च से पहिलही भारत में एह फोनन के लेके जबरदस्त चरचा बा। ई सीरीज पिछिला साल आइल V60 आ V60e के जगह ली।
कंपनी आज माने 19 फरवरी के दुपहरिया 12 बजे लॉन्च इवेंट रखले बिया। जे लोग लाइव देखे चाहत बा, ऊ Vivo के यूट्यूब चैनल पs लाइव स्ट्रीम देख सकेला। प्री-बुकिंग 12 फरवरी से सुरू हो चुकल बा, जवन 24 फरवरी तक चली।
संभावित कीमत आ उपलब्धता
लीक आ रिपोर्ट के हिसाब से कीमत कुछ अइसन हो सकेला-
- वीवो V70 5G: ₹45,999 (8GB + 256GB) से शुरू, 12GB + 256GB वेरिएंट ₹49,999 तक। रंग-पैशन रेड आ लेमन येलो।
- वीवो V70 एलीट: सुरुआती कीमत करीब ₹51,999, टॉप वेरिएंट (12GB + 512GB) ₹61,999 तक जा सकेला। रंग- पैशन रेड, सैंड बेज आ ऑथेंटिक ब्लैक।
खास फीचर्स आ स्पेसिफिकेशन
- 6.59-इंच 1.5K OLED डिस्प्ले
- 120Hz रिफ्रेश रेट, 5000 निट्स पीक ब्राइटनेस
- 1.25mm अल्ट्रा-पतला बेजेल (कंपनी दावा)
- Zeiss पावर्ड प्रो कैमरा सिस्टम
- 50MP Sony IMX882 (OIS) प्राइमरी
- 50MP टेलीफोटो
- 50MP फ्रंट कैमरा
- IP68/IP69 रेटिंग आ 3D अल्ट्रासोनिक फिंगरप्रिंट
परफॉर्मेंस आ बैटरी
वीवो V70 एलीट में स्नैपड्रैगन 8s जेन 3 आ V70 में स्नैपड्रैगन 7 जेन 4 प्रोसेसर मिले के उम्मीद बा। दून्नो फोन Android 16 आधारित OriginOS 6 पs चली। 6500mAh बैटरी आ 90W फास्ट चार्जिंग से फोन जल्दिये चार्ज होई आ देर तक चली।
कुल मिलाके, प्रीमियम डिजाइन, दमदार प्रोसेसर, सानदार कैमरा आ बड़ बैटरी के चलते वीवो V70 सीरीज मिड&प्रीमियम सेगमेंट में कड़ा टक्कर देवे खातिर तइयार बा। लॉन्च के बाद असली कीमत आ उपलब्धता साफ हो जाई।
Read Also: UPI Success : ‘भारत जवन बनवलस, ऊ कवनो आउर देस ना बना सकेला’, यूपीआई के फैन भइले मैक्रों






