तेलंगाना के बीबीनगर में बुध के सबेरे रेल दुर्घटना के खबर सामने आइल बा। बतावल गइल बा कि आंध्र प्रदेश के विशाखापत्तनम से तेलंगाना के सिकंदराबाद जा रहल गोदावरी एक्सप्रेस के छव डिब्बा सबेरे पटरी से उतर गइल। हालांकि, एह दुर्घटना में केहू के जान जाये भा घायल होखला के खबर नइखे। दक्षिण-मध्य रेलवे के अधिकारी घटना के वजहन के पता लगावे में जुटल बा लो।
Post Views: 6