Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पागल हाथी तीन लोगन के कचट के मुआ देलस :गोरखपुर में कलश यात्रा में बोलावल गईल रहे, साढ़े पांच घंटा में आइल काबू में

सीएम योगी जतवले दुख,गोरखपुर में यज्ञ के दउरान मचल भगदड़ बिदकल हाथी तीन लोगन के कचटलस सभकर भईल मौत

1,288

उत्तर प्रदेश के गोरखपुर में एगो पागल हाथी के साढ़े 5 घंटा बाद काबू में कई लिहल गइल। ओकरा के ट्रेंकुलाइजर गन से शॉट दिहल गइल। जवना के बाद उ पकड़ में आइल। मोहम्मदपुर माफी गांव में कलश यात्रा खातिर ओह हाथी के बोलावल गईल रहे। ओहिजा जुटल भीड़ के देख के उ भड़क गईल आ कई लोगन के कचट देलस

उत्तर प्रदेश के गोरखपुर में एगो पागल हाथी के साढ़े 5 घंटा बाद काबू में कई लिहल गइल। ओकरा के ट्रेंकुलाइजर गन से शॉट दिहल गइल। जवना के बाद उ पकड़ में आइल। मोहम्मदपुर माफी गांव में कलश यात्रा खातिर ओह हाथी के बोलावल गईल रहे। ओहिजा जुटल भीड़ के देख के उ भड़क गईल आ कई लोगन के कचट देलस।

एह घटना में तीन लोगन के मउत हो गईल। जबकि कई लोग घायल हो गइले। उ लोगन के प्राथमिक इलाज के बाद घर भेज दिहल गईल। घटना के बाद आयोजन के रद्द कई दिहल गईल बा । सीएम योगी  मृतकन के परिजन खातिर 5-5 लाख रुपए के मदद के ऐलान कइले बाड़े।

फोटो साभार:दैनिक भास्कर

लक्ष्मी नारायण महायज्ञ में करीब 1 हजार लोग भईले शामिल

 

 ओही गांव के रहे  वाला  रामलखन के अनुसार 16 से 24 फरवरी तक गांव में लक्ष्मी नारायण महायज्ञ के  आयोजन कईल गईल रहे । आज करीब 1 बजे कलश जतरा  निकले के रहे । कलश जतरा  खातिर महिला लोग  जल भरे खातिर जाए वाला रहे ।  एही यात्रा में शामिल होखे  खातिर  2 हाथी आ 2 ऊंट भाड़ा पs लियावल गईल रहे । मवका पs पंडाल में एक हजार से बेसी  लोग जमा रहे ।

ओहिजा  हाथी के  देखे आ ओकरा संगे  फोटो खिंचवावे वालन के वजे से बहुत भीड़ जामा हो गईल रहे । भीड़ आ हाला-गुला  के चलते  हाथी भड़क गउए आ उ पूजा कर रहल दू  गो महिला कांति देवी (55) आ कौशल्या देवी (50) के अपना  सूंड में लपेट लेलस आ ओकरा बाद ओह लोगन के जमीन पs पटकि के गोड़  से दबा देलस आ ओह लोग के दरे पs मउत हो गईल |   ​

कौशल्या देवी के गोद में उनकर नाती कृष्णा (4) भी रहे। कौशल्या अपना  बेमार नाती के हाथी के  पूजा करावे खातिर  गोदी में लेके  गई रही । बाकिर ,  पगलाइल हाथी  कौशल्या के संगही मासूम कृष्णा के  भी अपना  गोड़ के नीचे दबाई के  मुआ देलस । दुनो महिला  मोहम्मदपुर माफी इलाका  रहे  वाला रहलीं ।

 

खाली मैदान में ले जाई के पावल गईल काबू 

घटना के बाद बिदकल हाथी के  भीड़ से बहुत दूर खाली स्थान पs  ले जाए खातिर  महावत  ओकरा के  राप्ती नदी पार करा के  ताल में पहुंचा देले बा । ओहिजा  कुछ देर तक ले  हाथी के  अकेला  में राखि के  ओकरा के  शांत करे   के कोशिश कईल  जा रहल बा । ओहिजे  वन विभाग के टीम भी ओकरा के  काबू करे में लागल रहे काफी देर शाम तक  ओकरा पs काबू  पावल जा सकल।

यज्ञ के दउरान निकले वाला  कलश यात्रा में शामिल होखे खातिर हाथी आईल रहे । अचानक से उ  बिदक गईल आ एह घटना में  तीन लोगन  के जान गईल  बा । हाथी के भीड़ से दूर करे के संगे-संगे  वन विभाग के  टीम के  बोलावल  गईल । वन विभाग इ टीम अब एह हाथी पs पूरा तरीका से काबू पा लेले बिया  ।

– एसपी नार्थ, मनोज कुमार अवस्थी

सीएम योगी  जतवले दु:ख

जगतबेला स्थित मोहम्मदपुर माफी गांव में  भईल  घटना के  लेके मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गहरा दु:ख जतवले बाड़ें । उ मृतक लोग  के परिजन के प्रति संवेदना व्यक्त कइले आ  परिजन लोग  के 5-5 लाख रुपया दिहल जाए  एकर निर्देश दिहले।

463200cookie-checkपागल हाथी तीन लोगन के कचट के मुआ देलस :गोरखपुर में कलश यात्रा में बोलावल गईल रहे, साढ़े पांच घंटा में आइल काबू में

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.