[the_ad_group id="30365"]

Deoria News: देवरिया में बरातियन से भरल बस पलटल, छव घायल, दु गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया जनपद में गौरी बाजार- रुदपुर मार्ग पs मठिया माफी के लगे सोमार के देर रात बरातियन से भरल एगो बस अनियंत्रित होके बीच सड़क पs पलट गइल। एह हादसा में छव बराती घायल हो गइल लोग। सब घायलन के सीएससी गौरी बाजार से जिला चिकित्सालय रेफर कs दिहल गइल। घायलन में दु के हालत नाजुक बतावल गइल बा। सूचना मिलतही मवका पs पहुंचल पुलिस क्रेन के मदद से बस के बीच सड़क से हटववा के यातायात चालू करवलस।

गौरी बाजार थाना क्षेत्र के बांकी गांव के बढ़ई टोला निवासी नंदकिशोर जायसवाल के लईका के बरात सोमार के गोरखपुर जनपद के खोराबार थाना क्षेत्र के करजहां में गइल रहे। दुआर पूजा, मंगलाचार, जयमाल के बाद दूल्हा पक्ष के लोग बियाह समारोह में व्यस्त हो गइल। जबकि घरातियन के छोड़के अधिकांश बराती भोजन के बाद वापस घर लवटे खातिर बस में सवार हो गइल लो।

एह बस में 45 से अधिक बराती सवार रहे लो। बरातियन से भरल ई बस जइसही रात के 11:30 बजे के आसपास रुद्रपुर रोड के मठिया माफी के लगे पहुंचल, तेज रफ्तार बस सड़क के बीचो-बीच एगो पुलिया के लगे बनल गड़हा में गिरके अनियंत्रित हो गइल। तनिका दूर गइला के बाद ई बीच सड़क पs पलट गइल।

एह हादसा में बस में सवार आकाश चौहान 17 बरिस पुत्र नंदू चौहान निवासी हरैया, चौरी चौरा, गोरखपुर, सुभाष यादव 60 बरिस पुत्र प्रयाग यादव निवासी बांकी थाना गौरी बाजार, एही गांव के मुद्रिका चौरसिया 50 बरिस, कुल्लू चौरसिया 65 बरिस रामचंद्र चौरसिया 50 बरिस सभे पुत्र रामजस चौरसिया आ गंगू 70 बरिस पुत्र देवनारायण निवासी ग्राम बांकी थाना गौरी बाजार आधा दर्जन बाराती घायल हो गइल लो।

पुलिस फोर्स के संगे मवका पs पहुंचल एसएसआई महेंद्र मोहन मिश्र आ राहगीर लोग सब घायलन के सीएससी गौरी बाजार में भर्ती करावल। जहां चिकित्सक लोग उनका के जिला चिकित्सालय खातिर रेफर कs दिहल लोग। प्रभारी निरीक्षक नवीन सिंह बतवलें कि मठिया माफी में बस पलटला के सूचना मिलल। घायलन के उपचार खातिर भर्ती करा दिहल गइल।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]