ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ विराट कोहली रच सकेले इतिहास, अइसे करते बन जइहें दुनिया के पहिला बल्लेबाज

Minee Upadhyay
विराट कोहली

आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी 2025 अपना आखिरी दौर में चहुँप गइल बा. ग्रुप स्टेज के मैच खतम हो गइल बा आ सेमीफाइनल के स्टेज तय हो गइल बा. नॉकआउट मैच आजु से यानी मंगल 4 मार्च से शुरू होखे वाला बा. पहिला सेमीफाइनल में विश्व चैंपियन आस्ट्रेलिया आ टीम इंडिया के मुकाबला होखे वाला बा. ई मैच दुबई में होखे वाला बा. ग्रुप स्टेज में लगातार 3 गो मैच जीत के सेमीफाइनल में जगह बनावे वाली टीम इंडिया अब चार मैच के जीत हासिल कs के फाइनल के टिकट लेबे के लक्ष्य राखत रही. हालांकि टीम इंडिया खातिर ई अतना आसान ना होखी काहे कि आस्ट्रेलिया सामने बा.

हालांकि प्रशंसक आस्ट्रेलिया के खिलाफ मैच में टीम इंडिया के सगरी खिलाड़ियन से बेहतरीन प्रदर्शन के उमेद करीहें बाकिर सगरी नजर विराट कोहली पs रही. पाकिस्तान के खिलाफ शतक बनवला के बाद कोहली से उमेद बहुते बढ़ गइल बा. अइसना में भारतीय प्रशंसक आस्ट्रेलिया के खिलाफ विराट कोहली के बल्लेबाजी से बड़हन पारी के दुआ करत बाड़े. अगर राजा कोहली आस्ट्रेलिया के खिलाफ 61 रन बनावे में कामयाब हो जइहें तs ऊ एगो नया इतिहास रचइहें.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

इतिहास रचने के दहलीज पs कोहली 

दरअसल आईसीसी के नकआउट मैच में विराट कोहली एगो अउरी भरोसेमंद नाम बन गइल बाड़न. आईसीसी के नॉकआउट मैच में ऊ सबले बेसी रन बनावे वाला बाड़न. अबहीं ले आईसीसी के नॉकआउट मैचन में उनुका बल्लेबाजी से 939 रन मिलल बा. एह दौरान उनकर औसत 52.16 रहल बा। अगर कोहली 61 रन बनावे में सफल हो जइहें तs ऊ आईसीसी के नॉकआउट मैच में आपन 1000 रन पूरा कs लीहें. ऊ दुनिया के पहिला बल्लेबाज बन जइहें जे अइसन करीहें. अबहीं ले कवनो बल्लेबाज ई काम ना कs पवले. 

ICC नॉकआउट मैचन में सबसे जादा रन बनावे वाला बल्लेबाज


विराट कोहली- 939 रन
रोहित शर्मा- 780 रन
रिकी पोंटिंग- 731 रन
सचिन तेंदुलकर- 657 रन
कुमार संगकारा- 595 रन
केन विलियमसन- 546 रन

चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के पहिला मैच में विराट कोहली बांग्लादेश के खिलाफ 22 रन बनवले. एकरा बाद उs पाकिस्तान के खिलाफ 100 रन के शानदार पारी खेलले अवुरी नाबाद वापसी कईले। हालांकि तीसरा मैच में उs कुछ खास ना कs पवले। न्यूजीलैंड के खिलाफ उनुका बल्लेबाजी से महज 11 रन मिलल.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ एs शक्तिपीठ पs देवी के गोद भराई से होला संतान के प्राप्ति, माता ‘सप्तश्रृंगी देवी मंदिर’

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment