बाबा विश्वनाथ के गर्भगृह से भईल वीडियो कॉलिंग, वीडियो भइल वायरल, मचल हड़कंप

Share

श्री काशी विश्वनाथ मंदिर में सुरक्षा के साथ खिलवाड़ बंद होखले के नाम नाई ले रहल बा। सावन के दूसरे सोमवार पर बाबा विश्वनाथ के गर्भगृह से वीडियो कॉलिंग कइले के वीडियो वायरल हो गईल। मंदिर से जुड़ल अधिकारी अउरी कर्मचारी गर्भगृह में खड़ा हो के बाकायदा वीडियो कॉलिंग कइले। एहकर पूरा वीडियो लाइव दर्शन के दौरानो दर्ज भईल बा।

मंदिर प्रशासन के एकर पता चलले  पर हड़कंप मच गईल। वायरल वीडियो में नजर आ रहल बा कि एगो सफेद शर्ट पहिनले व्यक्ति अपने मोबाइल से वीडियो कॉल क के केहू के बाबा के विग्रह के दर्शन करा रहल बा। दूसरका व्यक्ति भी दूसरे तरफ से मोबाइल ले के वीडियो कॉलिंग कs रहल बा।
एक मिनट से अधिक के फुटेज के दौरान गर्भगृह में मध्याह्न भोग आरती के तैयारी चलत रहल। एही दौरान दूनों गर्भगृह में पहुंचले। कुछ दिन पहिलही एही तरह से गर्भगृह में तस्वीर लेहले में वीडियो वायरल भईल बा। जांच के बाद गर्भगृह में तस्वीर लेवे वाले सिपाही के ड्यूटी से हटा देहल गईल ब। मंदिर के मुख्य कार्यपालक अधिकारी सुनील कुमार वर्मा कहलें कि ई गंभीर मामला बा, एकर जांच करावल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-