वाराणसी: सात नवंबर के काली महाल के मस्जिद से उठी जुलूस, बुलंद होई विरोध के नारा

Share

वाराणसी में सात नवंबर के काली महाल के मस्जिद से विरोध जुलूस उठावल जाई। शिया जामा मस्जिद के प्रवक्ता हाजी फरमान हैदर बतवलें कि ई जुलूस इमाम रजा के इरान स्थित रौजे पर भइल बमबारी के विरोध में उठावल जाला।
रूस के तत्कालीन शासक जार आज से 100 साल पहिले इमाम रजा के रौजे पर बमबारी करववले रहनें। हर साल अंजुमन हैदरी विरोध स्वरूप जुलूस उठावेले। जुलूस काली महाल से उठ के मदरसा ए इमानिया जाला। उहां पर मजलिस होई अउर अंतिम में जुलूस करारा हाउस जाकर ठंडा कइल जाई। एकरे अतिरिक्त शिया मुसलमानन के ऊ इमाम हसन अस्करी के पैदाइश के जश्न के महफिल होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-