Varanasi News: काशी में समूह बना के पर्यटकन के सामान चोरावत रहली महिला

Share

उत्तर प्रदेश के वाराणसी जिला के दशाश्वमेध पुलिस पर्यटकन के पर्स आ कीमती सामान चोरी करे वाली छव गो मेहरारूअन के गिरफ्तार कर लिहलस। ओह लोग के लगे से पाँच गो छोट, दू गो बड़का पर्स आ एगो मोबाइल फोन बरामद भइल बा। पकड़ाइल गइल सभ महिला बिहार के गोपालगंज के निवासी बाड़ी। समूह में भीड़ वाला जगह पs आके चोरी-छिपे करत रहली।

पर्यटकन के पर्स, कीमती सामान वगैरह चोरी करे वाली छह गो मेहरारूवन के दशाश्वमेध पुलिस गिरफ्तार कऽ लिहलस। ओह लोग के लगे से पाँच गो छोट, दू गो बड़का पर्स आ एगो मोबाइल बरामद भइल बा। पकड़ल गइल सभ महिला बिहार के गोपालगंज के निवासी बाड़ी। समूह में भीड़ वाला जगह पs आके चोरी-छिपे करत रहली।

एसीपी दशेश्वरमेध प्रज्ञा पाठक के मुताबिक पछिला कुछ दिन से दशश्वमेध घाट के आसपास पर्यटक के सामान चोरी के घटना के खबर आवत रहे। तीन दिन पहिले कुछ पर्यटकन के सामान चोरी हो गइल रहे। उनका शिकायत पs दशेश्वरमेध भवन में लागल कैमरा के फुटेज के जांच कइल गइल आ 6 संदिग्ध महिला के देखल गइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-