Varanasi News: साईं के मूर्ति हटावे के मामला में फंसले सनातन रक्षा दल के अध्यक्ष

Share

वाराणसी। शहर के मंदिरन से साईं मूर्ति हटावे के मामिला में पुलिस सनातन रक्षा दल के अध्यक्ष अजय शर्मा के गिरफ्तार कऽ लिहले बिया। बड़ा गणेश कोतवाली इलाका, त्रयंबकेशवर दशाश्वमेध, भूतेश्वर दशाश्वमेध, सूरजकुंड लक्सा थाना क्षेत्र के मंदिरन से साईं के मूर्ति हटावे के जानकारी सामने अइला के बाद ई प्रकरण चर्चा में आइल बा। पिछला कई दिन में कुल 14 अलग-अलग मंदिर से साई मूर्ति के हटावे के जानकारी सोझा आइल बा।

डीसीपी काशी गौरव बंसवाल बतवले कि चौक थाना के आनंदमयी हनुमान मंदिर के पुजारी के ओर से दिहल शिकायत में कहल गइल बा कि ए घटना से साईं भक्त के भावना के चोट पहुंचल बा। एह मामला में उनका के हिरासत में लेके कानूनी कार्रवाई कइल जाता।

हालही में सेना के संरक्षक अजय शर्मा बतवले रहले कि साईं पूजा के कवनो विरोध नइखे। जेकरा आस्था बा उहाँ आस्था बा ऊ पूजा कऽ सकेला बाकिर साईं के मूर्ति के सनातन धर्म के मंदिरन में ना रहे दिहल जाई। साईं मुसलमान रहले, हिन्दू मंदिर में उनकर का काम बा। सनातन धर्म से उनकर कवनो संबंध नइखे। एहसे अब सेना उनकर मूर्ति के हिन्दू मंदिर में ना रहे दिही।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-