वेलेंटाइन डे में AI के एंट्री, इजहार-ए-मोहब्बत खातिर लेवलऽ जाता मदद

Minee Upadhyay

AI Generated Love Letter : वेलेंटाइन डे पs युवा अपना प्यार के इजहार करेले । हो सकत बा उऽ बहुत समय से इ दिन के इंतजारो करेले कि ओही दिने उऽ इजहार करिहें। बाकी इजहार-ए-मोहब्बत खातिर कवन शब्दन के प्रयोग कइलऽ जाव, जेकरा से उनकर प्रस्ताव स्वीकृत हो जाव, एकरा खातिर युवा एआई के सहारा लेत बाड़े माने युवा अपना लवर के दिल जिते खातिर आनन-फानन में AI के मदद से लव लेटर लिखे के ट्रिक अपनावे लागलऽ बाड़े । पढ़ी पूरा खबर..

प्यार कइलऽ सब केहू के बस के बात ना होला । इहे ना 65 फीसदी से ज्यादा हाईटेक भारतीय प्रेमी जोरा लव लेटर तक ना लिखऽ पावेला । एकरा खातिर उऽ अपना कवनो नजदीकी दोस्त चाहे रिश्तेदार के सहारा ना लेके विभिन्न कंपनिय जइसे गूगल, माइक्रोसाफ्ट, चैटजीपीटी के आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस प्लेटफार्म के सहारा लेत बाड़े। ताजा सर्वेक्षण के अनुसार एआई के अइला के बाद इंटरनेट लव आ रिलेशन पैटर्न में हो रहल बदलाव के बारे में जानकारी देवाल गइलऽ बा ।

64 फीसदी अमेरिकी लवर AI जेनरेटेड प्रोफाइल वालन के पसंद ना करेले

लगभग चार गो से एगो अमेरिकी युवा के कहनाम बा कि उs आपन ऑनलाइन डेटिंग फोटो आ कंटेंट के एआई टूल के मदद से आकर्षक बनवले बाड़े । बाकी एकरा बादो इसके इ फायदा से बेसी नुकसान पहुंचा सकत बा । काहे की 64 फीसदी लोग इहो कहले कि उ ओह लवर पs भरोसा नइखी करत जवन आपन प्रोफाइल में एआई-जनरेटेड इमेज के उपयोग करेले।

जनवरी 2024 में मार्केट रिसर्च कंपनी MSI-ACI के ओरी से युवाओं के बीच ईमेल से ऑनलाइन प्रश्नावली भेज के सर्वेक्षण करावल गइलऽ रहे । एहमें 7 देशों के 7000 से बेसी युवा हिस्सा लेले रहे । इ देशन मे भारत, अमेरिका, ब्रिटेन, ऑस्ट्रेलिया, फ्रांस, जर्मनी सा जापान के युवा शामिल रहले। जेकर उमिर 18 साल चाहे एह से ज्यादा रहे । इंटरनेट सिक्यूरिटी फर्म मैकेफी (McAfee) के ब्लाग पोस्ट पs ‘लव बाइट्स – एआई ,कइसे आधुनिक प्रेम के आकार दे रहल बा’ में एह रिपोर्ट के डेटा के आधार पs एगो लेख प्रकाशित कइलऽ गइलऽ बा ।

 

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।