सेंट्रल डेस्क। गुजरात के वडोदरा जिला के पादरा तालुका में आणंद आ पादरा के जोड़े वाला एगो पुल के हिस्सा ढह गइल। पुल के टूटतही कइयन गो वाहन महिसागर नदी में गिर गइल। बतावल जा रहल बा कि एह हादसा में नव लोगन के मौत हो गइल बा, जबकि नव लोगन के बचा लिहल गइल बा।
एह घटना पs गुजरात के मुख्यमंत्री भूपेंद्र पटेल दुख जतवलें आा घायलन के जल्दी ठीक होखे के कामना कइलें। पीएम मोदी हादसा पs दुख जतवले बाडे़। पीएम मोदी हादसा के शिकार भइल लोगन खातिर मुआवजा के एलानो कइले बाड़ें। प्रधानमंत्री राष्ट्रीय राहत कोष से हर मृतक के परिजनन के दु लाख रुपिया आ घायलन के 50,000 रुपिया दिहल जाई।
जानकारी के अनुसार, बुध के सबेरे आणंद आ पादरा के जोड़े वाला पुल के एगाे हिस्सा महिसागर नदी में गिर गइल। सुरुआती जानकारी के अनुसार, दुगो ट्रक, एगाे बोलेरो एसयूवी आ एगो पिकअप वैन सहित चार वाहन पुल पार करत रहे, तबे अचानक ई ढह गइल आ कइयन गो वाहन महिसागर नदी में गिर गइल। एह हादसा में नव लोगन के मौत भइल बा।
प्रत्यक्षदर्शी लोग बतावल कि वाहनन के नदी में गिरला से पहिले तेज आवाज सुनाई दिहल। मवका पs पहुंचल फायर ब्रिगेड, स्थानीय पुलिस आ वडोदरा जिला प्रशासन तुरंत बचाव कार्य सुरू कइल। स्थानीय लोग घायलन के मलबा से निकाले में मदद कइलें। अब तक तीन लोगन के बचावल गइल बा आ ओह लोगन के नजदीकी अस्पतालन में भरती करावल गइल बा।
गुजरात के गृह मंत्री हर्ष संघवी पुल हादसा पs दुख जतवलें। उ मीडिया से बात करत कहलें, वडोदरा आ आणंद जिलन के जोड़े वाला पुल पs भइल दुखद हादसा में 9 लोगन के मौत हो गइल बा। नव आउउर लोगन के बचा लिहल गइल बा। मुख्यमंत्री एगो उच्च स्तरीय समिति के घटनास्थल पs भेजके विस्तृत रिपोर्ट मंगले बाड़ें। उ ममिला में सख्त कार्रवाई के निरदेस देले बाड़ें।
ओहिजा, वडोदरा पुल हादसा पs दिल्ली के पूर्व मुख्यमंत्री आ आप संयोजक अरविंद केजरीवाल दुख जतवले बाड़ें। उ कहलें, गुजरात में भइल ई हादसा बहुते दुखद आ पीड़ादायक बा। बाकिर एह समय एगो अहम सवाल पूछल जरूरी बा। पिछला 30 बरिसन से गुजरात के सत्ता में बइठल BJP का ई बताई कि बार-बार अइसन घटिया आ जानलेवा पुल गुजरात में कइसे बन रहल बा, जवन भरभराके गिर जाला?
एगाे स्थानीय निवासी कहलें, ई पुल ना खाली ट्रैफिक दुर्घटनन के हिसाब से खतरनाक बा, बलुक इहां आत्महत्या के कइयन गो घटना हो चुकल बा। एकरा इस्थिति के बारे में बार-बार चेतावनी दिहल गइल रहे, बाकिर प्रशासन धेयान ना देलस।
बता दीं कि ई पुल 1985 में बनावल गइल रहे। गुजरात सरकार हाले ही 212 करोड़ रुपिया के लागत से एगो नया पुल के बनावे के मंजूरी देले रहे। फिलहाल मुख्यमंत्री तकनीकी विशेषज्ञन के घटनास्थल पs भेजके जांच के आदेस देले बाड़ें।
Read Also: Rajasthan Plane Crash: चुरू में जगुआर फाइटर जेट क्रैश, दो लोगों की मौत; घटनास्थल पर मलबा बिखरा