गुरु तेग बहादुर शहीद दिवस पs 24 के बजाय 28 नवंबर के रही छुट्‌टी, यूपी सरकार जारी कइलस नोटिफिकेशन

Share

उत्तर प्रदेश सरकार गुरु तेग बहादुर शहीद दिवस के अवसर पs कार्यकारी आदेशन के अंतर्गत 24 नवंबर के घोषित अवकाश के तारीख में बदलाव कs देलस। गुरु तेग बहादुर शहीद दिवस के अवसर पs अब कार्यकारी आदेशन के अंतर्गत 28 नवंबर के अवकाश घोषित कइल गइल बा। एकरा खातिर यूपी सरकार नोटिफिकेशन जारी कs देले बिया। एमे स्कूल से लेके सरकारी कार्यालय बंद रही।

गुरु तेग बहादुर शहीद दिवस के अवसर पs अब कार्यकारी आदेशन के अंतर्गत 28 नवंबर के छुट्टी घोषित कइल गइल। सामान्य प्रशासन विभाग बुध के एह बारे में आदेश जारी कs देले बा। एह संदर्भ में सब प्रमुख विभागन के विभागाध्यक्ष, जिलाधिकारी, प्रमुख सचिव विधान सभा, सूचना आ जनसंपर्क विभाग के भेज दिहल गइल बा। तारीखन में ई बदलाव लखनऊ के श्री गुरु तेग बहादुर शहीद दिवस के अवसर पs साहिब जी, सिंघा वाली गली, यहियागंज के सिफारिश के आधार पs कइल गइल बा। कार्यकारी आदेश के तहत जिलाधिकारी स्थानीय स्तर पs अवकाश घोषित कs सकत बा लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-