सेंट्रल डेस्क। ईरान के ओर से अमेरिकी F-15E स्ट्राइक ईगल जेट गिरवला के बाद लापता अमेरिकी सैनिक के सुरक्षित बचा लिहल गइल बा। ई जानकारी दूगो अमेरिकी अधिकारी अतवार के दिहल लोग। अधिकारी लोग नाम ना बतवला के शर्त पs कहलस कि ई ऑपरेशन बहुते कठिन खोज आ बचाव अभियान के तहत सफल भइल। एकरा से पहिले जेट के एगो आउर क्रू सदस्य के सुरक्षित निकाल लिहल गइल रहे।
ट्रंप कइलें रेस्क्यू के पुष्टि
राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप ट्रुथ सोशल पs लिखलें, “हमनी के अपना पायलट के सुरक्षित निकाल लेनी सs! पिछिला कुछ घंटा में अमेरिकी सेना इतिहास के सबसे बहादुर खोज आ बचाव अभियान में से एगो के सफलतापूर्वक पूरा कइलस। हमार क्रू मेंबर अधिकारी, जे एगो सम्मानित कर्नल बाड़ें, अब पूरा तरे सुरक्षित बाड़ें।”
ट्रंप बतवलें कि अमेरिकी सेना 24 घंटा तक अधिकारी के लोकेशन पs नजर बनवले रहे आ उनकर सुरक्षित वापसी के योजना बनवलस। ऊ कहलें कि अधिकारी के बचावे खातिर दर्जनन ताकतवर हथियार से लैस विमान भेजल गइल। ट्रंप के अनुसार, अधिकारी घायल बाड़ें, बाकिर जल्दी ठीक हो जइहें। एह घटना से साबित होत बा कि अमेरिका ईरान के आसमान पs पूरा तरे से वर्चस्व बना लेले बाड़ें।
दूगो अमेरिकी विमान बनल निशाना
इहो बतावल जा रहल बा कि ईरान अमेरिकी विमान आ नागरिक जगहन पs हमला कइलस। F-15E पहिला अमेरिकी विमान रहे जवन ईरान के इलाका में गिरल। ट्रंप पहिले कहले रहलें कि अमेरिका ईरान के भारी नुकसान पहुंचवले बा आ युद्ध जल्दी खतम हो सकेला।
अमेरिका-ईरान संघर्ष के दौरान A-10 हमला वाला दूसरको विमान गिर गइल। दुर्घटना के बाद अमेरिकी सेना ईरान के कोहगिलुए आ बायर अहमद प्रांत के पहाड़ी इलाका में खोज आ बचाव अभियान चलवलस।
ईरान एह खातिर नागरिकन के इनाम देवे के बातो कहलस आ दावा कइलस कि ऊ दू गो अमेरिकी ब्लैकहॉक हेलिकॉप्टर पs हमला कइले बा। ईरानी मीडिया रिपोर्ट के अनुसार F-15E विमान के सेंट्रल ईरान के ऊपर निशाना बनावल गइल रहे आ मानल जा रहल बा कि ई कोगिलुयेह आ बोयर-अहमद प्रांत में गिरल। हालांकि, एह बारे में ईरानी अधिकारी लोगन के तरफ से अभी तक कवनो आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल।








