US Iran Talks : अमेरिका-ईरान के शांति वार्ता विफल, जेडी वेंस बोललें- ई तेहरान खातिर बुरा खबर

Share

सेंट्रल डेस्क। अमेरिका आ ईरान के बीच जारी शांति वार्ता पs अमेरिका उपराष्ट्रपति जेडी वेंस कहलें कि अभी तक कवनो समझौता नइखे हो पाइल। ऊ कहलें, खराब खबर ई बा कि हम कवनो समझौता पs ना पहुंच सकनी सs। हमरा माने के बा कि ई अमेरिका से जादे ईरान खातिर खराब खबर बा।

अमेरिकी उपराष्ट्रपति का कहलें?

ऊ आगे कहलें, हम अमेरिका वापस जात रहनी, काहेकि कवनो समझौता नइखे भइल बा। ऊ हमनी के प्रस्ताव के स्वीकार नइखे कइलें। जेडी वेंस कहलें, बातचीत में जवन कमी रहे, ऊ पाकिस्तान के वजह से नइखे भइल। ऊ बहुत अच्छा काम कइलें आ अमेरिका आउर ईरान के बीच दूरी कम करे के कोसिस कइलें।

‘ई ईरान खातिर बुरा खबर’

ऊ बतवलें, हमनी के पिछिला 21 घंटा से एकरा पs काम कs रहल बा आ ईरान के संगे कइयन गो अहम चर्चा भइल बा। ई अच्छा खबर बा। बुरा खबर ई बा कि हम कवनो समझौता पs नइखी पहुंच सकल। हमार माने के बा कि ई अमेरिका से जादे ईरान खातिर बुरा खबर बा। एहिसे, हमनी के अमेरिका वापस जा रहल बानी सs, काहेकि कवनो समझौता नइखे भइल बा। ऊ हमनी के प्रस्ताव के स्वीकार नइखे कइले लो।

ईरान से परमाणु हथियार हासिल ना करे के प्रतिबद्धता चाहीं : वेंस

वेंस कहलें, ‘साधारण तथ्य ई बा कि हमनी के एह बात के स्पष्ट प्रतिबद्धता चाहीं कि ईरान परमाणु हथियार हासिल करे के कोसिस ना करी आ ना ओह साधनन के तलाश करी, जवना से ऊ जल्दी परमाणु हथियार बना सके। इहे अमेरिका के राष्ट्रपति के मुख्य लक्ष्य बा। इहे हमनी के एह वार्ता के माध्यम से हासिल करे के कोसिस कs रहल बानी सs।

अमेरिकी उपराष्ट्रपति कहलें, ओकर परमाणु कार्यक्रम जइसन बा आ जवन संवर्धन सुविधा पहिले रहे, ऊ नष्ट कs दिहल गइल बा। बाकिर असली सवाल ई बा कि का हम ईरान के तरफ से ई मूलभूत इच्छा आ प्रतिबद्धता देखत बानी कि ऊ ना खाली भा दू साल बाद, बलुक लमहर समय तक परमाणु हथियार विकसित ना करी? अभी तक हमनी के ई नइखी सs देखलें। बाकिर हमनी के उम्मीद कि बा हमनी के एकरा के देखेम सs।’

Read Also: 12 अप्रिल 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-