US Drone Sighting : अमेरिकी बिदेस मंत्री आ रक्षा मंत्री के घर के ऊपर दिखल ड्रोन, का ईरान रच रहल बा हमला के साजिश?

Share

नई दिल्ली। यूनाइटेड स्टेट्स के राजधानी वाशिंगटन डीसी में आर्मी बेस के ऊपर अज्ञात ड्रोन देखल गइल। अधिकारी लोग अब एकरा खातिर जिम्मेदार लोगन के पहचान करे में जुटल बा।

वाशिंगटन पोस्ट के रिपोर्ट के मोताबिक, अमेरिकी बिदेस मंत्री मार्को रुबियो आ रक्षा मंत्री पीट हेगसेथ वॉशिंगटन के एही क्षेत्र में रहेला लोग।

अमेरिका बढ़वलस सिक्योरटी

अमेरिका में ई ड्रोन देखल जाए के घटना अइसन समय में भइल बा जब वैश्विक तनाव बहुत जादे बढ़ल बा। मिडिल ईस्ट में संघर्ष तेज होखला के कारण अमेरिका के प्रमुख सैन्य आ सरकारी प्रतिष्ठानन के आसपास सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा।

एबीसी न्यूज के मोताबिक, अमेरिका के फेडरल ब्यूरो ऑफ इन्वेस्टिगेशन (FBI) एकरा से पहिले कैलिफोर्निया पुलिस के ईरान के तरफ से होखे वाला ड्रोन हमला के लेके चेतावनी देले रहे।

एफबीआई ई चेतावनी फरवरी में जारी कइले रहे। एह चेतावनी में लक्ष्य आ समय के बारे में कवनो जानकारी ना दिहल गइल रहे।

मिडिल ईस्ट में लगातार बढ़ रहल बा तनाव

मिडिल ईस्ट में तनाव लगातार बढ़त जा रहल बा। अमेरिका-इजरायल 28 फरवरी के ईरान पs हमला कइले रहे। एह हमला में ईरान के सुप्रीम लीडर अयातुल्ला अली खामेनेई के मौत हो गइल रहे।

अमेरिका-इजरायल के हमला के बाद ईरान खाड़ी देस में अमेरिकी एयरबेस पs हमला कइलस। ओहिजा, लेबनान में बसल हिजबुल्लाह ईरान के समर्थन में इजरायल पs मिसाइल दगलस।

अमेरिका-इजरायल आ ईरान के बीच छिड़ल युद्ध के आज 20वां दिन हs आ अभियो ई संघर्ष थमत नजर नइखे आवत।

Read Also: Ayodhya : राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू आज राम नगरी में, हजारन मेहमानन के सामने करिहें राम यंत्र के स्थापना

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-