UPPSC : राजकीय इंटर कॉलेजन में प्रवक्ता के 1516 पदन पs होई भर्ती, आज से आवेदन; इहां जानीं कइसे कइल जा सकी अप्लाई

Share

लखनऊ। राजकीय इंटर कॉलेजन में प्रवक्ता के 1516 पदन पs भर्ती खातिर ऑनलाइन आवेदन 12 अगस्त से सुरू होई। उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग (यूपीपीएससी) सोमार के रात प्रवक्ता भर्ती के संक्षिप्त विज्ञापन जारी कs दिहल। अभ्यर्थियन के पांच साल से नया भर्ती के इंतजार रहे। एकरा पहिले दिसंबर-2020 में एह भर्ती के विज्ञापन आइल रहे।

परीक्षा के विस्तृत विज्ञापन मंगर के यूपीपीएससी के वेबसाइट https://uppsc.up.nic.in पs जारी कइल जाई। जेमे ऑनलाइन आवेदन करे के प्रक्रिया, शुल्क जमा करे के प्रक्रिया, परीक्षा योजना आ पाठ्यक्रम, जाति प्रमाणपत्रन के प्रोफार्मा, आरक्षण आ आयु में छूट के संबंध में निर्धारित महत्वपूर्ण निरदेस आदि उपलब्ध रही।

ऑनलाइन परीक्षा शुल्क बैंक में जमा करे आ ऑनलाइन आवेदन स्वीकार करे के अंतिम तिथि 12 सितंबर आ आवेदन में सुधार/संशोधन आउर शुल्क समाधान के अंतिम तिथि 19 सितंबर निर्धारित कइल गइल बा।

आयोग के ओर से अभ्यर्थियन के सलाह दिहल गइल बा कि ऑनलाइन आवेदन सुरू होखे से पहिले वन टाइम रजिस्टेशन (ओटीआर) नंबर प्राप्त कs लीं काहेकि ओटीआर आधारित ऑनलाइन आवेदन स्वीकार कइल जाई।

प्रवक्ता के 1516 पदन में राजकीय इंटर कॉलेज में पुरुष वर्ग के 777 आ महिला वर्ग के 694 पदन के संगे स्पर्श दृष्टिबाधित राजकीय इंटर कॉलेज/समेकित विशेष माध्यमिक विद्यालय में प्रवक्ता के 43 आ उत्तर प्रदेश जेल प्रशिक्षण विद्यालय (अध्यापक वर्ग) सेवा में प्राध्यापक के दुगो पद सामिल बा। शैक्षिक अर्हता के विवरण विस्तृत विज्ञापन में उपलब्ध रही।

चयन खातिर अभ्यर्थियन के एक जुलाई 2025 के 21 बरिस के उमिर जरूर पूरा करे के चाहीं आ उ 40 बरिस से जादे उमिर के ना होखे के चाहीं, माने जन्म दु जुलाई 1985 से पूर्व आ एक जुलाई 2004 के बाद के ना होखे के चाहीं। दिव्यांगन खातिर अधिकतम उमिर सीमा में नियमानुसार छूट अनुमन्य होई।

एलटी ग्रेड भर्ती खातिर पांच लाख से ऊपर नया ओटीआर

एलटी ग्रेड शिक्षक भर्ती खातिर वन टाइम रजिस्ट्रेशन (ओटीआर) के प्रक्रिया बहुते तेज हो गइल बा। भर्ती के संक्षिप्त विज्ञापन जारी होखला के बाद 27 दिन में ओटीआर करे वाला नया अभ्यर्थियन के संख्या पांच लाख से ऊपर पहुंच गइल बा। एलटी ग्रेड खातिर आवेदन करे वालन में से जादेतर अभ्यर्थी प्रवक्ता भर्ती खातिर आवेदन करी लो काहेकि नया नियमावली के अनुसार अबकी बेर दुनो भर्तियन खातिर शैक्षिक अर्हता एक समान होई। अभी तक 26,82,355 अभ्यर्थी ओटीआर के माध्यम से आयोग के परीक्षा से जुड़ चुकल बा।

Read Also: Shubman Gill: 2025 में शुभमन गिल सहित खाली दुगो खिलाड़ी वनडे आ टेस्ट, दुनो प्रारूपन में बनल लो प्लेयर ऑफ द सीरीज

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-