गोरखपुर से शुरू होखे वाली वंदे भारत एक्सप्रेस प्रयागराज तक ना चली। एकर संचालन गोरखपुर से लखनऊ के बीच ही होई। रेलवे बोर्ड के अधिकारी के मुताबिक पहिले वंदे भारत के प्रयागराज तक चलावे के योजना रहे, लेकिन अब इ सिर्फ लखनऊ ले चली।
गोरखपुर वंदे भारत के बारे में शुरू से ही कहल जात रहे कि इ प्रयागराज तक चली। एकर संभावित समय सारिणी भी जारी कईल गईल। ए हिसाब से ट्रेन के सुबह 7 बजे गोरखपुर से निकले के रहे, सुबह 9.10-9.12 बजे अयोध्या, 11.10-11.25 बजे लखनऊ पहुंचे के रहे अवुरी दुपहरिया 2.25 बजे प्रयागराज पहुंचे के रहे।
एही तरे दुपहरिया 3.00 बजे प्रयागराज खातिर एकर प्रस्थान दुपहरिया 6.00-6.15 बजे लखनऊ, रात 8.13-8.15 बजे अयोध्या आ रात 10.25 बजे गोरखपुर चहुँप जाई। लेकिन प्रयागराज तक वंदे भारत के नॉन ट्रायल के चलते इ संकेत दिहल गईल कि ट्रेन इहाँ ना आई। बुधवार के रेलवे बोर्ड भी वंदे भारत के प्रयागराज तक ना चलावे पs आपन मोहर लगा देले बा। रेलवे बोर्ड के कार्यकारी निदेशक सूचना प्रसार अमिताभ शर्मा के कहना बा कि गोरखपुर वंदे भारत फिलहाल प्रयागराज ले ना चली। इ गोरखपुर से लखनऊ ले ही चली।
एही कारण से गोरखपुर वंदे भारत के प्रयागराज ले संचालन ना हो पावल
गोरखपुर वंदे भारत एक्सप्रेस के प्रयागराज तक ना चलावे के भी अलग-अलग कारण सामने आइल बा। दरअसल, प्रयागराज से एकर प्रस्थान के संभावित समय दिन के तीन बजे देखावल जात रहे, जबकि लखनऊ इंटरसिटी रोज दुपहरिया 3.20 बजे इहाँ से निकलेले। अयीसना में सस्ता किराया के चलते लोग सिर्फ इंटरसिटी एक्सप्रेस के पसंद करीत।
लखनऊ होत चले के चलते प्रयागराज से अयोध्या आ गोरखपुर के दूरी भी बढ़ जाई। वंदे भारत के प्रयागराज से गोरखपुर पहुंचे में सात चौथाई घंटा लागेला, जबकि प्रयागराज रामबाग से वाराणसी होत चले वाली बापुधाम ट्रेन महज 6.30 घंटा में इ दूरी तय करेले। अयीसना में जब यात्री कम किराया देके कम समय में गोरखपुर पहुंच रहल बाड़े त वंदे भारत एक्सप्रेस में यात्रा करे से पहिले दु बेर सोचे के पड़ी।