UP : वन महोत्सव आज से, सरकार चलाई जन- जागरूकता अभियान; सात दिन स्कूलन में कई गो प्रतियोगिता के आयोजन

Share

योगी सरकार पहिला जुलाई से वन महोत्सव के आयोजन कराईं। ई महोत्सव सात जुलाई तक चली। एह दौरान एक ओर विरासत वृक्षन के संरक्षण पs सरकार के जोर रही तऽ उहीजा दूसका ओर  पौधरोपण से जुड़ल जन जागरूकता अभियानो चलावल जाई। प्रभातफेरी, नुक्कड़ नाटक समेत कई गो प्रतियोगिता के माध्यम से स्कूली बच्चनो के  पर्यावरण के प्रति जागरूक कइल जाई। बीतल दिनन में पड़ल बेतहाशा गर्मी के देखत योगी सरकार के पर्यावरण संरक्षण, वर्षा जल संचयनो पs फेर से विशेष जोर बा। उहे सीएम योगी आदित्यनाथ प्रदेशवासियन से अपील कइले बाड़े कि एगो भा दु फलदार गाछ जरूर लगाई आ ओकर देखऽ भाल करीं।

स्कूली बच्चन के कइल जाई जागरूक 

प्रदेश में जुलाई के पहिला सप्ताह में होखे वाला वन महोत्सव के अंतर्गत जन जागरूकता के कार्यक्रम होई। एकरा तहत प्रभातफेरी, नुक्कड़ नाटक, चित्रकला, निबंध, वाद-विवाद प्रतियोगिता आ संगोष्ठी आदियो के आयोजन स्कूली स्तर पs होई। साथही अभियान चला के पर्यावरण संरक्षण, वृक्षावरण आ पौधरोपण के महत्व, वर्षा जल संचयन, जल संरक्षण, स्वच्छता-प्लास्टिक के उपयोग के खत्म करे आदि पs जोर रही।

विरासत वृक्ष वाटिका के प्रचार प्रसारो पऽ नजर 

वन महोत्सव के दौरान विरासत वृक्ष वाटिका खातिर प्रचार-प्रसारो पs विभाग का जोर रही। एकरा साथही वेटलैंड्स के कैचमेंट में पौधरोपण, नदियन के संरक्षण आ पुनरुद्धार खातिर नदी किनारे पौधरोपण, शहरी क्षेत्रन में पौधरोपण कइल जाई। पहिला से सात जुलाई तक प्रत्येक जनपदन में जनजागरूकता समेत वृहद स्तर पs अनेक कार्यक्रम होई। साथही केंद्र सरकार के निर्देशानुसार एक पेड़ माई के नांवे लगावल जाई।

सीएम के आमजन से अपील- कम से कम एगो भा दु गो पौधा जरूरी लगाई

वन महोत्सव के तहत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपील कइले है कि एह वर्षाकाल में अपना घर-आंगन में कम से कम एक भा दु गो फलदार पौधन के रोपण जरूर करीं। साथही प्रदेश में बेसी से बेसी पौधा रोपित के एकर सिंचाई आ सतत देखभालो जरूर करीं।

2024 में 35 करोड़ पौधरोपण कराई योगी सरकार

वन महोत्सव के अलावा योगी सरकार यूपी के हरा-भरा राखे खातिर एहू बरिस 35 करोड़ पौधरोपण करी। एकरा खातिर विभागन आ मंडलन के लक्ष्य पहिलहीं निर्धारित कइल जा चुकल बा। वन-पर्यावरण विभाग 14 करोड़ तऽ ग्राम्य विकास विभाग सूबे में 12.59 करोड़ पौधा लगाई। उहे सर्वाधिक लक्ष्य लखनऊ मंडल (4 करोड़) के दिहल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-