Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी: राज्य में दू गो आईपीएस अधिकारी के तबादला, आजमगढ़ के पुलिस महानिरीक्षक के लखनऊ भेजल गइल

322
Google Ads 300*250 for posts

आईपीएस अधिकारी के तबादला : यूपी में चुनाव के बाद तबादला के दौर जारी बा। शनिचर के दिने 19 गो वरिष्ठ अधिकारी के तबादला के बाद सोमार का सबेरे दू गो आईपीएस अधिकारी के तबादला हो गइल । राज्य में तबादला के दौर जारी बा। सोमार के सबेरे दू गो आईपीएस अधिकारी के तबादला कर दिहल गइल । आजमगढ़ के पुलिस महानिरीक्षक अखिलेश कुमार के पुलिस महानिरीक्षक, लखनऊ ईओडब्ल्यू के पद पर तैनात कइल गइल बा । एही तरे लखनऊ के पुलिस उप महानिरीक्षक वैभव कृष्ण के आजमगढ़ के पुलिस उप महानिरीक्षक बनावल गइल बा । ए दुनो अधिकारी के तुरंत प्रभार संभाले के निर्देश दिहल गइल बा।

शनिचर के दिने 16 गो ट्रांसफर भइल

शनिचर के दिने राज्य सरकार 16 गो वरिष्ठ अधिकारियन के तबादला कर दिहलस । एकरा अलावे तीन गो आईएएस अधिकारी के तबादला भी हो चुकल बा। लगभग दू साल से तैनात लखनऊ के पुलिस आयुक्त एसबी शिराडकर आ प्रयागराज आयुक्त रमित शर्मा समेत कुल 16 गो आईपीएस अधिकारी के तबादला कर दिहल गइल बा । एहमें बहुते एडीजी आ आईजी स्तर के अधिकारी शामिल बाड़े । शिराडकर के जगह लखनऊ जोन के एडीजी अमरेंद्र सेंगर अवुरी सेंगर के जगह एडीजी लखनऊ जोन बनावल गइल बा। एही तरे लखनऊ रेंज के आईजी तरुण गाबा के प्रयागराज के नयका पुलिस आयुक्त बनावल गइल बा ।

पुलिस मुख्यालय के ओर से जारी आदेश के मुताबिक रमीत शर्मा के बरेली अंचल के एडीजी बनावल गइल बा। रमित शर्मा एकरा से पहिले बरेली में आईजी रहल बाड़े। इहाँ से प्रयागराज आयुक्तालय के गठन के बाद रमित शर्मा के उहाँ के पहिला पुलिस आयुक्त बनावल गइल। तब से ऊ जम गइल रहले। एकरा संगे प्रेम चंद्र मीना के एडीजी बरेली जोन से हटा के एडीजी आ सीएमडी पुलिस हाउसिंग कॉरपोरेशन बनावल गइल बा। जबकि हालही में केंद्रीय प्रतिनियुक्ति से लवटल विनोद कुमार सिंह के एडीजी साइबर क्राइम के जिम्मेदारी दिहल गइल बा । एकरा संगे-संगे जयनारायण सिंह के एडीजी रेलवे के पद से हटा के पीटीसी सीतापुर भेज दिहल गइल बा। उनका जगहा एडीजी आ सीएमडी पुलिस हाउसिंग कॉरपोरेशन रहल प्रकाश डी के एडीजी रेलवे बनावल गइल बा ।

एडीजी विशेष सुरक्षा बल के एलवी एंटनी देव कुमार के एडीजी सीबीसीआईडी के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। जबकि एडीजी सुरक्षा रघुबीर लाल के एडीजी विशेष सुरक्षा बल के अतिरिक्त प्रभार दिहल गइल बा। एडीजी सीबीसीआईडी रहल के सत्यनारायण के एडीजी ट्रैफिक एंड रोड सेफ्टी बनावल गइल बा आ एह पद पर पोस्ट कइल बीडी पॉलसन के प्रशिक्षण निदेशालय में एडीजी बनावल गइल बा ।

तीन आईएएस अधिकारी के तबादला

राज्य सरकार शनिचर का दिने तीन गो आईएएस अधिकारियन के तबादला कर दिहलस । कारागार के अपर महानिदेशक चित्रलेखा सिंह के कृषि उत्पादन आयुक्त शाखा के विशेष सचिव बनावल गइल बा। विशेष सचिव वित्त समीर के कारागार के अपर महानिदेशक बनावल गइल बा। कृषि उत्पादन आयुक्त शाखा के विशेष सचिव अमरनाथ उपाध्याय के राजस्व परिषद में सदस्य न्यायिक के जिम्मेदारी दिहल गइल बा।

871670cookie-checkयूपी: राज्य में दू गो आईपीएस अधिकारी के तबादला, आजमगढ़ के पुलिस महानिरीक्षक के लखनऊ भेजल गइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.