लखनऊ: यूपी में तीन आईपीएस अफसरन के तबादला भइल बा। आईपीएस नीरा रावत के पुलिस महानिदेशक ईओडब्ल्यू के संगे-संगे यूपी 112 के अतिरिक्त प्रभार दिहल गइल बा। अभी तक ऊ नवप्रोन्नत पुलिस महानिदेशक/बाद्ध्य प्रतीक्षा के पद पs तैनात रहली।
एही तरे आईपीएस पीसी मीणा के पुलिस महानिदेशक सीएमडी के वर्तमान पद के संगही महानिदेशक कारागार प्रशासन आ सुधार सेवा के अतिरिक्त प्रभारो सउपल गइल बा।
आईपीएस आशुतोष पांडेय के पुलिस महानिदेशक टेलीकॉम के जिम्मेदारी सउपल गइल बा। ऊ अभी तक नवप्रोन्नत पुलिस महानिदेशक/बाद्ध्य प्रतीक्षा के पद पs कार्यरत रहलें।

Read Also:
Post Views: 170