लखनऊ। उत्तर प्रदेश पुलिस के एसआई भर्ती परीक्षा में पूछल गइल एगो सवाल के लेके विवाद बढ़त जा रहल बा। एह ममिला पs मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रतिक्रिया देलें। ऊ कहलें कि कवनो व्यक्ति, जाति, पंथ आ संप्रदाय के मर्यादा आ आस्था पs अमर्यादित टिप्पणी ना कइल जावs।
मुख्यमंत्री भर्ती बोर्ड के सब अध्यक्षन के निरदेस देलें कि भविष्य में प्रश्न पत्र बनावत घरी एह बात के खास ध्यान रखल जावs। ऊ कहलें कि सब पेपर सेटर्स के साफ निरदेस दिहल जावs कि सवाल बनावत घरी कवनो जाति भा समुदाय से जुड़ल आपत्तिजनक टिप्पणी सामिल ना होखे।
सीएम योगी इहो कहलें कि जदि कवनो आदतन अपराधी प्रवृत्ति के व्यक्ति एह तरे के गलती करे तs ओकरा के तुरंत प्रतिबंधित कइल जावs। संगही ई प्रावधान पेपर सेटर्स के एमओयू (समझौता) में सामिल करे के निरदेस दिहल गइल बा।
एह सवाल से सुरू भइल विवाद
दरअसल एसआई भर्ती परीक्षा के पहिला दिन पूछल गइल एगो सवाल सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल हो गइल। सवाल में “अवसर के अनुसार बदल जाए वाला” वाक्यांश खातिर सही शब्द चुनल जाये के रहे। एह खातिर चार विकल्प दिहल गइल रहे- सदाचारी, पंडित, अवसरवादी आ निष्कपट।
एमे से तीन विकल्प कवनो व्यक्ति के गुण या अवगुण बतावत गइल रहे, जबकि एगो विकल्प जाति से जुड़ल शब्द रहे। एह कारण से सोशल मीडिया पर लोग सवाल उठावे लगल आ विवाद खड़ा हो गइल।
सोशल मीडिया पs अफवाह फइलावे वाला पs कार्रवाई
बता दीं कि उप निरीक्षक नागरिक पुलिस आ समकक्ष पद खातिर आयोजित भर्ती परीक्षा में लगभग 5,31,765 अभ्यर्थी सामिल भइल रहे लोग। परीक्षा के दौरान सोशल मीडिया पs अफवाह आ फर्जी प्रश्न पत्र फbलावे के कोसिसो सामने आइल।
एह ममिला में लखनऊ में सात गो मुकदमा दर्ज कइल गइल बा। एसटीएफ आगरा से एगो आरोपी के गिरफ्तार कइले बिया, जवन फर्जी प्रश्न पत्र भेज के अभ्यर्थियन से ठगी करत रहे। फिलहाल ममिला के जांच जारी बा आ आगे आउर कार्रवाई हो सकेला।
Read Also: Jammu & Kashmir : उड़ी सेक्टर में सेना के बड़ कार्रवाई, घुसपैठ के कोसिस नाकाम, पाकिस्तानी आतंकी ढेर








