[the_ad_group id="30365"]

Jammu & Kashmir : उड़ी सेक्टर में सेना के बड़ कार्रवाई, घुसपैठ के कोसिस नाकाम, पाकिस्तानी आतंकी ढेर

Indian Army soldiers during Operation DIGGI-2 in Uri sector stopping infiltration attempt
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। जम्मू-कश्मीर के उड़ी सेक्टर में भारतीय सेना आ जम्मू-कश्मीर पुलिस मिलके बड़ कार्रवाई कइले बिया। ‘ऑपरेशन DIGGI-2’ के दौरान नियंत्रण रेखा (LoC) के नजदीक बुछार इलाका में घुसपैठ के कोसिस के नाकाम कs दिहल गइल। एह संयुक्त अभियान में सुरक्षा बल एगो पाकिस्तानी आतंकी के मार गिरवलें।

सेना के जानकारी के मोताबिक, ई आतंकी रात के अन्हरिया के फायदा उठाके भारतीय सीमा में घुसल चाहत रहे। बाकिर सुरक्षाबल के सतर्कता से उनकर योजना सफल ना हो सकल।

बतावल जा रहल बा कि जम्मू-कश्मीर पुलिस के बुछार इलाका में घुसपैठ के कोसिस से जुड़ल खास खुफिया जानकारी मिलल रहे। एह सूचना के आधार पs भारतीय सेना आ पुलिस 14 आ 15 मार्च के रात में संयुक्त अभियान सुरू कइलस।

अभियान के दौरान घन जंगल में जवानन के एगो संदिग्ध गतिविधि नजर आइल। सुरक्षाबल तुरंत इलाका के घेराबंदी कइल लोग आ आतंकी के आत्मसमर्पण करे के चेतावनी देलस। बाकिर आतंकी जवाब में अंधाधुंध गोलीबारी सुरू कs देलस। जवाबी कार्रवाई में सेना के जवान गोली चलवलस आ कुछ देर चलल मुठभेड़ के बाद आतंकी के मार गिरावल गइल।

हथियार आ गोला-बारूद बरामद

मुठभेड़ के बाद सुरक्षाबल के आतंकी के लगे से भारी मात्रा में हथियार आ गोला-बारूद मिलल। बरामद सामान में एगो राइफल, पिस्तौल आ कइयन गो कारतूस सामिल बा। सुरक्षा एजेंसियन के माने के बा कि आतंकी बड़ हमला करे के योजना बनावत रहे।

इलाका में तलाशी अभियान जारी

सेना के कहनाम बा कि ऑपरेशन अभियो जारी बा। सुरक्षाबल के शक बा कि इलाका में आउर आतंकी छुपल हो सकेला। एह कारण से पूरा क्षेत्र में सर्च ऑपरेशन चलावल जा रहल बा। सुरक्षा बल के एह कार्रवाई से उड़ी सेक्टर में घुसपैठ के एगो बड़ कोसिस नाकाम हो गइल बा।

Read Also: Assembly Elections : पांच राज्यन में विधानसभा चुनाव के तारीख के आज हो सकेला एलान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]