लखनऊ : यूपी पुलिस भर्ती आ प्रोन्नति बोर्ड उपनिरीक्षक (दरोगा) आउर समकक्ष पदन पs सीधी भर्ती खातिर लिखित परीक्षा के तारीख जारी कs दिहल गइल बा। बोर्ड आधिकारिक सूचना में बतवलस कि लिखित परीक्षा 14 आ 15 मार्च 2026 के आयोजित कइल जाई।
एह भर्ती खातिर 11 सितंबर तक ऑनलाइन आवेदन आमंत्रित कइल गइल रहे, जवना में कुल 16.50 लाख उम्मीदवार आवेदन कइले रहे लोग। भर्ती अभियान के तहत अलग-अलग पदन पs कुल 4543 रिक्तियन के भरल जाये के बा।
केतना पदन पs होई भर्ती?
यूपी पुलिस सब-इंस्पेक्टर भर्ती में ई पद सामिल बा-
- उपनिरीक्षक (नागरिक पुलिस) – 4242 पद
- पीएसी प्लाटून कमांडर – 135 पद
- विशेष सुरक्षा बल (SSF) प्लाटून कमांडर – 60 पद
- महिला प्लाटून कमांडर (पीएसी महिला वाहिनी) – 106 पद
इहां देखीं परीक्षा तिथि के आधिकारिक सूचना
जे अभ्यर्थी आवेदन कइले बा लो, ऊ लोग अब बोर्ड के आधिकारिक वेबसाइट uppbpb.gov.in पs जाके परीक्षा तिथियन के विस्तृत अधिसूचना डाउनलोड कs सकत बा लोग। यूपी पुलिस SI भर्ती 2026 के तहत पुरुष आ महिला उपनिरीक्षक के संगे-संगे SI प्लाटून कमांडर के पदन पs चयन कइल जाई।
Read Also: 04 दिसंबर 2025 के राशिफल







