[the_ad_group id="30365"]

Bihar Vidhan Sabha: प्रेम कुमार बनलें विधानसभा के अध्यक्ष, नीतीश कुमार देलें बधाई 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। Bihar Vidhan Sabha : बिहार विधानसभा के शीतकालीन सत्र के आज दुसरका दिन बा। बिहार विधानसभा में सोमार के 235 नवनिर्वाचित विधायक शपथ लिहल लोग। प्रोटेम स्पीकर नरेन्द्र नारायण यादव एह लोगन के पद आ गोपनीयता के शपथ दिलवलें।

शीतकालीन सत्र के दुसरका दिन आज ई कि गया से लगातार नव बेर के विधायक डॉ. प्रेम कुमार बिहार विधानसभा के 18वां अध्यक्ष चुनल गइलें। ऊ सोमार के अध्यक्ष पद खातिर नामांकन कइले रहस। एह पद खातिर बस उहे एकलौता उम्मीदवार रहलें, एह से ई पक्का हो गइल रहे कि ऊ निर्विरोध अध्यक्ष बन जइहें। बिहार विधानसभा के ई सत्र 1 से 5 दिसंबर 2025 ले चली।

सीएम नीतीश कुमार प्रेम कुमार के अध्यक्ष बनला पs देलें बधाई

सीएम नीतीश कुमार प्रेम कुमार के विधानसभा अध्यक्ष बनला पs उनका के बधाई देलें। नीतीश कुमार कहलें कि सब सभासद एक बेर उठ के उनका के प्रणाम करे लोग। ऊ कहलें कि हम सदन के सब साथियन से निवेदन करब कि सदन के सही ढंग से संचालन में अध्यक्ष जी के पूरा सहजोग दीं लो। संगही डिप्टी सीएम सम्राट चौधरी आ विजय सिन्हा प्रेम कुमार के बधाई दिहल लो।

Read Also : DAV PG Gorakhpur : विश्व एड्स दिवस पs जागरूकता रैली के आयोजन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]