Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP News: कर्मचारियन के कमी से जूझ रहल सबसे ज्‍यादा राजस्‍व देवे वाला विभाग

220
Google Ads 300*250 for posts

राज्य कर विभाग में जूनियर असिस्टेंट के अधिकतम पद खाली बा। जूनियर असिस्टेंट के 1126 पद खाली बा। एकरा संगे-संगे कलेक्शन अमीन के 230 पद, उर्दू प्रशिक्षक सह जूनियर असिस्टेंट के 17 पद, कंप्यूटर ऑपरेटर ग्रेड-1 के 147 पद आ स्टेनोग्राफर के 616 पद खाली बा।

लखनऊ : यूपी सरकार के सबसे जादा राजस्व देवे वाला वाणिज्य कर विभाग में कर्मचारी के कमी के सामना करे के पड़ता। विभाग में जूनियर असिस्टेंट से लेके कलेक्शन अमीन, कंप्यूटर ऑपरेटर, स्टेनोग्राफर तक के भारी संख्या में पद खाली बा। एकरा बारे में उत्तर प्रदेश वाणिज्यिक कर अधिकारी सेवा संघ प्रधान सचिव राज्य कर के ज्ञापन देले बिया। संगही, जल्दी से जल्दी भर्ती करावे के मांग कइल गइल बा, ताकि ऑनलाइन काम समय प पूरा हो सके अवुरी कर्मचारी प जादे बोझ ना पड़े।

संघ के ओर से दिहल ज्ञापन में बहुत दिन से फंसल अधिकारी के तबादला के मांग उठावल गइल बा। एकरा अलावे संघ के ओर से पदोन्नति मिलल अधिकारी के तुरंत तैनाती के मांगो उठवले बिया।

ई पद खाली बा

राज्य कर विभाग में जूनियर असिस्टेंट के अधिकतम पद खाली बा। जूनियर असिस्टेंट के 1126 पद खाली बा। एकरा संगे-संगे कलेक्शन अमीन के 230 पद, उर्दू प्रशिक्षक सह जूनियर असिस्टेंट के 17 पद, कंप्यूटर ऑपरेटर ग्रेड-1 के 147 पद आ स्टेनोग्राफर के 616 पद खाली बा। एकरा अलावे लेखापरीक्षक के 23, सहायक लेखाकार के 25 अवुरी सहायक सांख्यिकी अधिकारी के 74 पद खाली बा। कमर्शियल टैक्स ऑफिसर्स सर्विस एसोसिएशन एह पदन के जल्दिए भरे के माँग उठवले बिया।

967830cookie-checkUP News: कर्मचारियन के कमी से जूझ रहल सबसे ज्‍यादा राजस्‍व देवे वाला विभाग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.