UP News: भारत-नेपाल सीमा पs पकड़ल गइल संदिग्ध, एसएसबी के पूछताछ में लिहल पाकिस्तान के नाम

Share

बहराइच : यूपी के बहराइच में सुक के रात भारत-नेपाल सीमा पs एसएसबी एगो संदिग्ध के पकड़ले बा। ओकर भाषा बहुते अजीब बा। जवन स्थानीय निवासियन से बहुते अलग बा। एसएसबी के पूछताछ में ऊ पाकिस्तान के नाम लेले बाड़ें। ओकरा आगे पूछताछ जारी बा।

ममिला मोतीपुर क्षेत्र के बा। इहां भारत-नेपाल सीमा पs एगो जुवक घूम रहल बा। एसएसबी जवानन के शंका भइल तs ओकरा के रोकल गइल। ओकास से बातचीत कs के ओकरा पता आ टहले के कारण पूछलें। एकरा पs ऊ जवना भाषा में जवाब देलस, उ तs कवनो के समझ में ना आइल। एह पs शक आउर गहरा गइल।

एसएसबी जवान ओकरा के हिरासत में ले लिहल। पूछताछ में ऊ पाकिस्तान के नाम लेलस। ओकर हालत देखत सुरक्षाबल ओकरा के सुजौली पुलिस के सउप दिहल। पुलिस ओकरा के मेडिकल कॉलेज में भरती करवले बिया। ओकरा घुसपैठिया होखे के आशंका जतावल जा रहल बा।

बॉर्डर पs कड़ा कs दिहल गइल बा सुरक्षा

दरअसल, नेपाल के रास्ते उत्तर प्रदेश में बांग्लादेशी आ पाकिस्तानी घुसपैठियन के घुसपैठ के आशंका से बॉर्डर पs सुरक्षा कड़ा कs दिहल गइल बा। 1500 अतिरिक्त एसएसबी आ 200 पुलिस के जवान तैनात कइल गइल बा, जे लगातार गश्त कs के सीमा पs नजर रख रहल बा लोग।

Read Also: Ganga Dussehra 2025: गंगा दशहरा के दिन करीं एह चीजन के दान, अन्न आ धन से भरल रही भंडार

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-