Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मुख्यमंत्री योगी कइलें 160 करोड़ रुया के 144 आवासीय परियोजना के लोकार्पण

469
Google Ads 300*250 for posts

बीतल विधानसभा चुनाव में कानून व्यवस्था एगो मुद्दा रहल। प्रदेश के आधी आबादी एही मुद्दा पर सरकार के पक्ष में वोट कइलस। कानून व्यवस्था बेहतर होखले के चलते पिछला चार बरिस में चार लाख करोड़ के निवेश उत्तर प्रदेश में भइल बा। अब प्रदेश में निवेशक आवल चाहताड़े अउरी निवेश कइल चाहsताने। ई कहनाम बा उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के। मुख्यमंत्री बुधवार के लोक भवन में आयोजित पुलिस विभाग के एक कार्यक्रम में बोलत रहलें। एह मौका पर मुख्यमंत्री 160 करोड़ रुपया के 144 आवासीय परियोजना के लोकार्पण कइलें।

मुख्यमंत्री कहलें कि 5 बरिस पहिले उत्तर प्रदेश के स्थिति बीमारू प्रदेश के रहल। विकास के कौनो सोच नाइ रहल। कानून व्यवस्था बदतर रहे। हर दूसरे तीसरे दिन बड़ दंगा होत रहल। जेकरे चलते लोग के धारणा बहुत खराब रहल। उत्तर प्रदेश के अंदर केहूँ भी अपना के सुरक्षित महसूस नाइ करत रहे। पुलिस कर्मियन खातिर कौनो व्यवस्था नाइ रहल। भर्ती नाइ होत रहल। पीएसी के 54 कंपनी समाप्त क देहल गइल रहे। महिला पीएसी के कौनो व्यवस्था नाइ रहल। आपदा प्रबंध खातिर कौनो बल नाइ रहल। हमनी के एह कमियन के दूर कइलीं जा।

162000 पुलिसकर्मियन के भर्ती कइलीं। पुलिस के आधुनिक बनावे के काम कइल जा रहल बा। प्रदेश के सब परिक्षेत्रीय मुख्यालयन पर साइबर लैब के स्थापना कइल गईल बा। विशेष सुरक्षा बल के गठन भइल। एही सब के परिणाम बा कि आज उत्तर प्रदेश के सुरक्षा व्यवस्था सगरी देश में नजीर बन गइल बा।

312420cookie-checkमुख्यमंत्री योगी कइलें 160 करोड़ रुया के 144 आवासीय परियोजना के लोकार्पण

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.