Up news : भोलेनाथ के जलाभिषेक करे खातिर निकलल, रास्ता में मौत हो गइल; पलक झपकते तीन दोस्त के मौत 

Sonu Kishor

कांवरियां सावन के सोमवार के भगवान भोलेनाथ के जलाभिषेक खातीर निकलल रहलें। रास्ता में एगो हादसा हो गइल। पलक झपकते तीन कांवरिया के मौत हो गइल।

उत्तर प्रदेश के मथुरा में सोमार के दिने एगो ट्रैक्टर ट्रॉली से टकरा के तीन गो कांवरिया के मौत हो गइल। ए घटना से मौका पs अफरातफरी पैदा हो गइल। जब लोग देखल तs भाग गइलें। कांवरिया बाइक से जात रहले। मौका पs पहुंचल पुलिस घटना के जानकारी लेलस। सूरीर थाना क्षेत्र के नगला परसोटी में भइल दुर्घटना।

निरीक्षक संजीव कांत मिश्रा बतवले कि तीनों कांवरिया सूरीर थाना क्षेत्र के बीजू गांव के निवासी रहले। ए लोग के पहचान 18 साल के मानव, उनकर दोस्त वेद प्रकाश (21 साल) आ 20 साल के दोस्त नरेश के रूप में भइल बा। ई लोग रविवार के सांझ के अपना 22 साथी के संगे डाक मेल लेवे खातीर निकलल रहले।

उऽ लोग अलगा-अलगा गाड़ी से बुलंदशहर के राजघाट गइले। उहाँ से गंगा के पानी लेके सोमवार के सबेरे वृंदावन के गोपेश्वर महादेव मंदिर पहुंचले। इहां जलाभिषेक के बाद सब लोग अपना घरे लवटत रहे। नरेश, मानव आ वेद प्रकाश बाइक पs सवार रहले। नगला परसौती में ट्रैक्टर ट्रॉली से टकरा के तीनों के जगहे पs मौत हो गइल।

बतावल गइल कि वेद प्रकाश पेशे से डिप्लोमा इंजीनियर रहले। वर्तमान में गुड़गांव में एगो कंपनी में काम करत रहले। मानव पहिले पलवल में काम करत रहले। निरीक्षक के मुताबिक नरेश के परिवार के संबंध में जानकारी एकट्ठा कइल जाता।

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया कलाकार, लेखक, कवि आ भोजपुरी खातिर समर्पित नवहा जे अपना माई भाखा खातिर हमेसा खाड़ रहेला। खेल आ राजनीति के खबर पढ़े खातिर हमरा से जुड़ीं खबर भोजपुरी पs। हमरा से रउआ सभे sonuyadav957670@gmail.com पs जुड़ल रहीं...