UP Homeguard recruitment : होमगार्ड संगठन में प्लाटून कमांडर के 2314 पदन पs होई भर्ती, 44 हजार होमगार्ड भर्ती के रास्ता खुलल

Share

लखनऊ। राज्य सरकार होमगार्ड संगठन में प्लाटून कमांडर के 2314 पदन पs जल्दिये भर्ती करी। प्रदेश में अगिला बरिस होखे वाला पंचायत चुनाव से पहिले एकर प्रक्रिया सुरू कइल जाई। बता दीं कि जल्दिये 44 हजार होमगार्ड स्वयंसेवकन के भर्तियो होई। संगही, कंपनी कमांडर आ मिनिस्टीरियल स्टाफ के रिक्त पदन पs भर्ती कइल जाई। सूत्रन के मानल जाव तs करीब 47 हजार पदन पs भर्ती होनी हैं।

दरअसल, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बीतल दिने होमगार्ड संगठन के समीक्षा कइले रहस। उ होमगार्ड संगठन के रिक्त पदन पs भर्ती खातिर उप्र पुलिस भर्ती आ प्रोन्नति बोर्ड के तरे अलग बोर्ड गठित करे के संगे भर्ती नियमावली तइयार करे के निरदेसो देले रहस। होमगार्ड संगठन में वर्तमान में कंपनी कमांडर के 783, सहायक कंपनी कमांडर के 770, प्लाटून कमांडर के 2314 आ होमगार्ड स्वयंसेवकन के 43,327 पद रिक्त बा। एकरा अलावे मिनिस्टीरियल स्टाफ के 109 पद रिक्त चल रहल बा। बता दीं कि पहिले होमगार्ड संगठन में मंडल स्तर पर भर्ती कइल जात रहे, जवना के अब बोर्ड के गठन कइला के बाद लिखित परीक्षा के माध्यम से कइल जाई। एमे आपदा प्रबंधन के अनुभव भा प्रशिक्षण प्राप्त करे वाला लोगन के वरीयता दिहल जाई। सीएम के निरदेस के बाद बोर्ड के गठन के कवायद सुरू होई, जवना के बाद भर्ती प्रक्रिया सुरू कइल जाई।

र्तमान में रिक्त पद

   पदनाम             स्वीकृत     कार्यरत       रिक्तियां
कंपनी कमांडर       1151    368            783
प्लाटून कमांडर       1121  381             770
मिनिस्टीरियल स्टाफ  439   330             109

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-