UP Weather : कइयन गो जिलन में घना कोहरा के चेतावनी, शताब्दी सहित दर्जनन ट्रेन लेट; मौसम पूर्वानुमान जारी

यूपी के 65 जिलन में कोहरा छइला के अलर्ट जारी कइल गइल बा

Share

गोरखपुर।  यूपी में मौसम के मिजाज बदलला के संकेत मिले लागल बा। सनिचर के सबेरे प्रदेश के कइयन गो जिलन में घना कोहरा छाइल दिखल। हालांकि तापमान में 1–2 डिग्री के हल्का बढ़न्ती दर्ज कइल गइल। मौसम विभाग के अनुसार, अगिला 2–3 दिन में तापमान में आउर बढ़न्ती हो सकेला।

मौसम विभाग के मोताबिक, अतवार के पश्चिमी उत्तर प्रदेश के तराई इलाका में घना कोहरा रहला के आसार बा। ओहिजा पूर्वी उत्तर प्रदेश के पूर्वांचल क्षेत्र में कहीं घना तs कहीं बहुत घना कोहरा पड़ सकेला। एकरा चलते दृश्यता बहुते कम रही।

मौसम वैज्ञानिकन के कहनाम बा कि दू दिन बाद कोहरा से कुछ राहत मिली, बाकिर ओकरा संगही तापमान गिरल सुरू हो जाई। पछुआ हवा चलला के असर से ठंडा आउर बढ़ी। आंचलिक मौसम विज्ञान केंद्र के वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह बतवलें कि सनिचर के तराई इलाका में घना कोहरा रहल, तs पूर्वांचल में बलिया से अयोध्या तक घना कोहरा दर्ज कइल गइल। तापमान में 1–2 डिग्री के बढ़न्ती भइल बा, जवन अगिला 1–2 दिन में आउर बढ़ सकेला। उनका मोताबिक, दु दिन बाद तापमान गिरे लागी आ ठंड के असर साफ नजर आई, जबकि कोहरा के असर कुछ कम हो जाई।

मौसम विभाग के अनुसार, सनिचर के मुजफ्फरनगर में सबसे कम न्यूनतम तापमान 6.2 डिग्री दर्ज कइल गइल। कानपुर में न्यूनतम तापमान 6.4 डिग्री आ बाराबंकी में 7 डिग्री रहल। आंचलिक मौसम विज्ञान केंद्र के वैज्ञानिक मोहम्मद दानिश बतवलें कि सनिचर के मुरादाबाद, वाराणसी, बलिया, आजमगढ़, कानपुर आ कुशीनगर में सबसे कम दृश्यता 50 मीटर दर्ज भइल। शाहजहांपुर आ गोरखपुर में दृश्यता 100 मीटर आ राजधानी लखनऊ में 400 मीटर दर्ज कइल गइल।

राजधानी में दू दिन तक कोहरा छाइल रहला के आसार

राजधानी लखनऊ में गलन बढ़ रहल बा। सनिचर के सबेरे कोहरा के असर दिखल, जवना के अतवार आ सोमार तक बनल रहे के संभावना बा। दू दिन बाद न्यूनतम तापमान गिरे के आसार बा, जवना से ठंड बढ़ी आ कोहरा के असर कुछ कम हो जाई।

मौसम विभाग के मोताबिक, सनिचर के सबेरे लखनऊ में दृश्यता 400 मीटर रहल। पछुआ हवा चलला से ठंडा बढ़े के संभावना बा। वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह बतवलें कि अतवार के अधिकतम तापमान 25.2 डिग्री आ न्यूनतम तापमान 10.5 डिग्री के आसपास रहे।

कोहरा से शताब्दी सहित कइयन गो ट्रेन लेट

घना कोहरा के चलते सनिचर के ट्रेनन के संचालन बुरा तरे प्रभावित रहल। शताब्दी एक्सप्रेस सहित कइयन गो गाड़ी देरी से चलली सs। नई दिल्ली से शताब्दी एक्सप्रेस तय समय सबेरे 6:10 बजे रवाना भइल, बाकिर अलीगढ़ पहुंचते-पहुंचते सवा घंटा आ लखनऊ पहुंचे तक करीब दु घंटा लेट हो गइल।

एही तरे ट्रेन 12230 लखनऊ मेल सवा घंटा, 12430 एसी एक्सप्रेस 1 घंटा 5 मिनट, 12232 चंडीगढ़ सुपरफास्ट 3 घंटा, 12238 चंडीगढ़ सुपरफास्ट पौने 2 घंटा, 13010 दून एक्सप्रेस सवा घंटा, 14307 प्रयागराज संगम–बरेली एक्सप्रेस 1 घंटा 40 मिनट, 14242 नौचंदी एक्सप्रेस डेढ़ घंटा, 13238 कोटा–पटना एक्सप्रेस 2 घंटा आ 15009 गोरखपुर–इज्जतनगर एक्सप्रेस सवा घंटा लेट चलल।

Read Also : UP BJP President Election : सात बेर के सांसद पंकज चौधरी हाेइहें नया प्रदेश अध्यक्ष, नांमाकन में सीएम योगी बनलें प्रस्तावक, औपचारिक ऐलान काल्ह

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-