[the_ad_group id="30365"]

UP BJP President Election : सात बेर के सांसद पंकज चौधरी हाेइहें नया प्रदेश अध्यक्ष, नांमाकन में सीएम योगी बनलें प्रस्तावक, औपचारिक ऐलान काल्ह 

Pankaj Chaudhary filing nomination for UP BJP state president with CM Yogi Adityanath as proposer at BJP headquarters in Lucknow.
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश में भारतीय जनता पार्टी (बीजेपी) के नया प्रदेश अध्यक्ष खातिर केंद्रीय वित्त राज्य मंत्री आ सात बेर के सांसद पंकज चौधरी सनिचर के आपन नामांकन दाखिल कइलें। एह खास मौका पs मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ उनकर प्रस्तावक बनलें, जवना से पंकज चौधरी के दावेदारी आउर मजबूत मानल जा रहल बा।

नामांकन के दौरान प्रदेश के कइयन गो बड़ नेता मौजूद रहल लोग। एमे उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य आ ब्रजेश पाठक, मंत्री सूर्यप्रताप शाही, स्वतंत्रदेव सिंह, दारा सिंह चौहान, एके शर्मा, सांसद कमलेश पासवान आ राज्यमंत्री असीम अरुण सामिल रहल लोग। एह सब बड़ नेता लोगन के मौजूदगी से साफ हो गइल कि पंकज चौधरी के पार्टी संगठन के पूरा समर्थन मिल रहल बा।

बतावल जा रहल बा कि अतवार के डॉ. राम मनोहर लोहिया नेशनल लॉ यूनिवर्सिटी, लखनऊ में यूपी बीजेपी के नया प्रदेश अध्यक्ष के नाम के औपचारिक घोषणा कइल जाई। केंद्रीय मंत्री पीयूष गोयल एह मौका पs नया अध्यक्ष के नाम घोषित करिहें। एकरा पहिले सनिचर के दुपहरिया करीब एक बजे पंकज चौधरी, पीयूष गोयल आ केंद्रीय चुनाव पर्यवेक्षक विनोद तावड़े के संगे लखनऊ पहुंचलें। एयरपोर्ट पs मीडिया से बातचीत करत पंकज चौधरी कहलें कि प्रदेश अध्यक्ष चुनाव खातिर बीजेपी के सब सांसद लोगन के बोलावल गइल बा आ आगे के फैसला पार्टी नेतृत्व करी।

के हवे पंकज चौधरी?

पंकज चौधरी कुर्मी (ओबीसी) समाज से आवे लें, जवना के उत्तर प्रदेश में एगो बड़ आ अहम वोट बैंक मानल जाला। उनकर जनम 15 नवंबर 1964 के गोरखपुर में भइल। पंकज चौधरी राजनीति में कदम 1989 में गोरखपुर नगर निगम के पार्षद बन के रखलें। 1990 में ऊ भारतीय जनता पार्टी के जिला कार्य समिति के सदस्य बनलें।

1991 में 10वीं लोकसभा चुनाव में महराजगंज संसदीय सीट से बीजेपी के टिकट पs पहिलका बेर सांसद बनलें। ओकरा बाद 1996 आ 1998 में फेरू सांसद चुनइलें। 1999 में हार भइल, बाकिर 2004 में दोबारा लोकसभा पहुंच गइलें। 2009 में हार के सामना कइलें, बाकिर 2014 से लगातार लोकसभा के सदस्य बाड़ें।

कुर्मी समाज में मजबूत पकड़

पंकज चौधरी के पहचान एगो मजबूत जमीनी नेता के रूप में बा। कुर्मी बिरादरी में उनकर गहिराह पकड़ बा आ दोसरो समाज में उनकर असर देखल जाला। गोरखपुर से अलग होके जब महराजगंज जिला बनल, तब से जिला पंचायत में बीजेपी के वर्चस्व कायम बा। उनका परिवार के सदस्य जिला पंचायत अध्यक्ष रह चुकल बा लोग, जवन उनकर राजनीतिक मजबूती के गवाही देला।

Read Also : Dhurandar Worldwide Collection : ‘धुरंधर’ के सामने झुक गइल ‘पुष्पा’, 8वां दिन रिकॉर्डतोड़ कमाई से मचवलस धमाल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]