UP Budget : योगी बोललें- पहिला बेर कवनो सीएम के दसवां बजट पेश करे के मवका मिलल, हर वर्ग के रखल गइल ध्यान

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि ई पहिला बेर बा जब कवनो मुख्यमंत्री के लगातार दसवां बेर बजट पेश करे के मवका मिलल बा। सीएम योगी बतवलें कि एह साल 9 लाख 12 हजार 696 करोड़ रुपिया के बजट पेश कइल गइल बा, जवन देस के सबसे बड़ आबादी वाला राज्य के बजट हs। ऊ कहलें कि ई बजट किसान, जवान आ महिला सब केहू के बजट हs, जवना में हर वर्ग के जरूरत के ध्यान में रखल गइल बा।

सीएम योगी कहलें कि बीतल 9 बरिस में उत्तर प्रदेश के प्रति देस भर के नजरिया बदलल बा। एह दौरान राज्य पs एको नया टैक्स ना लगावल गइल। नव बरिस में यूपी के बजट तीन गुना से जादे बढ़ल बा। एह बजट के थीम “सुरक्षित नारी, सक्षम युवा आ खुशहाल किसान” रखल गइल बा। मुख्यमंत्री बतवलें कि करीब दु लाख करोड़ रुपिया कैपिटल एक्सपेंडिचर खातिर तय कइल गइल बा, जवन बुनियादी ढांचा आ विकास के काम में खरच होई।

नव बरिस में एको टैक्स ना

सीएम योगी दोहरावत कहलें कि बीतल नव बरिस में एको नया टैक्स नइखे लगावल गइल बा। ऊ कहलें कि ई पहिला बेर हो रहल बा कि एके सरकार के दसवां बेर बजट पेश भइल बा। बजट में सिटी इकनॉमिक जोन के रूप में क्लस्टर डेवलपमेंट के नया पहल खातिर प्रावधान कइल गइल बा। मुख्यमंत्री के मुताबिक रूल ऑफ लॉ असली विकास के गारंटी हs। यूपी में अब तक करीब 50 लाख करोड़ रुपया के निवेश आवे के बातो ऊ बतवलें।

सीएम योगी कहलें कि अन्नदाता किसान खाली लाभार्थी भर नइखे लोग, बलुक विकास के भागीदार बाड़ें। बजट में 43,565 करोड़ रुपिया नया योजना खातिर प्रस्तावित कइल गइल बा। संगही दु लाख करोड़ रुपिया से जादे के खर्च नया निर्माण काम पs हो रहल बा, जवना से रोजगार पैदा हो रहल बा आ विकास के रफ्तार तेज भइल बा।

मुख्यमंत्री इहो कहलें कि एह नव बरिस में टैक्स बढ़ावे के बजाय कर चोरी पs लगाम लगावल गइल बा। यूपी में पहिले जवन कर चोरी के शिकायत रहे, ओकरा पs सख्ती से कार्रवाई कs के राजस्व बेवस्था के मजबूत कइल गइल बा।

Read Also: Parliament : राहुल गांधी के खिलाफ विशेषाधिकार हनन प्रस्ताव ले आई सरकार, सांझ 5 बजे तक जवाब मंगलस, गलत बयानी के आरोप

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-