UP Board Result 2024: कवना दिने आई यूपी बोर्ड हाई स्कूल, इंटर रिजल्ट, पिछिलका बरिस में ए तिथि के घोषित भइल रहें परिणाम

Share

Up board result: उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद् प्रयागराज के ओर से हाई स्कूल आ इंटरमीडिएट बोर्ड परीक्षा के रिजल्ट जलदिए घोषित कइल जा सकत बा। पिछिलकाऽ बरिस दुनु कक्षा के रिजल्ट 25 अप्रैल के घोषित कइल गइल रहें, उहें रिपोर्ट्स के मोताबिक एहू साल रिजल्ट 15 से 20 अप्रैल 2024 के बीचे जारी कइल जा सकत बा। रिजल्ट जारी होखते छात्र रोल नंबर के जड़िये रिजल्ट चेक कर सकिहें।

उत्तर प्रदेश बोर्ड से अबकि साल हाई स्कूल आ इंटरमीडिएट के परीक्षा में 55 लाख स्टूडेंट्स लो भाग लेले रहें । दुनु कक्षा के बोर्ड परीक्षा के आयोजन राज्यभर में निर्धारित परीक्षा केंद्र पऽ 22 फरवरी से 9 मार्च 2024 तक करावल गइल रहें। एग्जाम संपन्न होखला के बाद बोर्ड के ओर से कॉपियन के मूल्यांकन पूरा हो चुकल बा जवना के बाद अब स्टूडेंट्स लो के आपन रिजल्ट जारी होखे के इंतजार बा।

पिछला बरिस ए तारिख में घोषित भइल रहें परिणाम

अबकि बेर लोकसभा चुनाव के देखत बोर्ड की ओर से रिजल्ट पिछिला साल से जल्दी जारी होखे के अनुमान बा। पिछला बरिस जारी भइल रिजल्ट के तिथि के जानकारी निम्नलिखित बा –

  • 2023: 25 अप्रैल
  • 2022: 18 जून
  •  2021: 31 जुलाई
  • 2020: 27 जून
  • 2019: 27 अप्रैल

कहां आ कइसे चेक कर सकब परिणाम

यूपी बोर्ड 10th, 12th रिजल्ट बोर्ड के अध्यक्ष के द्वारा प्रेस कॉन्फ्रेंस में घोषित कइल जाई। प्रेस कॉन्फ्रेंस में रिजल्ट के घोषणा होखते लिंक ऑफिशियल वेबसाइट upmsp.edu.in पऽ एक्टिव हो जाई जहां से स्टूडेंट्स लो आपन रिजल्ट चेक कर सकी। रिजल्ट चेक करे खातिर लिंक पऽ क्लिक करके रोल नंबर सबमिट करे के होई।

आधिकारिक वेबसाइट के अलावा अभ्यर्थी एसएमएस के माध्यमो से नतीजे प्राप्त कर सकिहें। एकरा खातिर बोर्ड के ओर से निर्धारित नंबर पऽ डिटेल भरकर के भेजे के होई। एसएमएस भेजे के कुछ समय पश्चात बोर्ड के ओर से रिजल्ट मैसेज बॉक्स में भेज दिहल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-