UP Board Exam 2025: कंपार्टमेंट आ इंप्रूवमेंट खातिर आवेदन आज से, जानीं कइसे करे के बा अप्लाई

Share

अगर रउरा भी यूपी बोर्ड कक्षा दसवीं आ बारहवीं कंपार्टमेंट आ सुधार परीक्षा खातिर आवेदन करे के इच्छुक बानी तs ई खबर खाली रउरा खातिर बा.  यूपी बोर्ड कक्षा 10वीं आ 12वीं सुधार, कंपार्टमेंट परीक्षा 2025 खातिर आवेदन प्रक्रिया आजु यानी 19 मई से उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद (यूपीएमएसपी) द्वारा शुरू कइल जाई। एकरा खातिर आवेदन करे के चाहत सगरी इच्छुक विद्यार्थी एक बेर शुरू भइला के बाद आधिकारिक वेबसाइट upmsp.edu.in पs जा के आवेदन कs सकेलें. एकरा खातिर आवेदन करे के आखिरी तारीख 10 जून 2025 बा, इच्छुक उम्मीदवार के एs तारीख के चाहे ओकरा से पहिले आवेदन करे के चाही। लिखित आ प्रैक्टिकल परीक्षा खातिर दसवीं आ बारहवीं कक्षा के परीक्षा तिथि के एलान उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा बोर्ड अलगा से करी.

आवेदन कईसे कईल जाला 

सबसे पहिले विद्यार्थियन के आधिकारिक वेबसाइट पs जाए के पड़ी. 

एकरा बाद विद्यार्थियन के होमपेज पs संबंधित लिंक पs क्लिक करे के पड़ी. 

एकरा बाद अब उम्मीदवार के डिटेल डाल के फीस देके जमा करावे के चाही। 

कंपार्टमेंट परीक्षा खातिर यूपी बोर्ड भी दिशानिर्देश जारी कइले बा। यूपीएमएसपी सचिव सगरी सरकारी, सरकारी सहायता प्राप्त आ मान्यता प्राप्त असहाय विद्यालयन के प्रधानाध्यापकन के निर्देश दिहले बाड़न कि 10 जून ले संबंधित क्षेत्रीय बोर्ड कार्यालयन के माध्यम से पात्र विद्यार्थियन के ऑनलाइन आवेदन समय पs जमा करावे के सुनिश्चित कइल जाव. 

बता दीं कि यूपी बोर्ड के दसवीं आ बारहवीं के रिजल्ट 25 अप्रैल के घोषित भइल रहे. दसवीं के रिजल्ट 90.11 फीसदी आ बारहवीं के रिजल्ट 81.15 फीसदी दर्ज भइल. रिजल्ट के संगे टॉपर लिस्ट भी जारी कईल गईल। एह साल परीक्षा 24 फरवरी से 12 मार्च ले चलावल गइल. दसवीं कक्षा के परीक्षा में करीब 25.56 लाख छात्र आ बारहवीं कक्षा के परीक्षा में 25.77 लाख छात्र शामिल भइल रहले.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-