UP Board Admit Card 2026 : बोर्ड परीक्षा खातिर प्रवेश पत्र बहुत जल्दी होई जारी

Share

एजुकेशन डेस्क। यूपी बोर्ड हाई स्कूल आ इंटरमीडिएट परीक्षा 2026 के सुरुआत 18 फरवरी से होखे वाला बा। एह साल बोर्ड परीक्षा में 52 लाख से जादे छात्र-छात्रा सामिल होई लो। अब सब परीक्षार्थियन के नजर बस एडमिट कार्ड पs टिकल बा, जवन कबो जारी हो सकेला। रिपोर्ट के मोताबिक माध्यमिक शिक्षा परिषद उत्तर प्रदेश (UPMSP), प्रयागराज बहुते जल्दी UP Board 10th 12th Admit Card 2026 जारी कs सकेला।

स्कूल से मिली एडमिट कार्ड

छात्र-छात्रा ध्यान रखे लोग कि बोर्ड एडमिट कार्ड सीधे स्कूलन के भेजी। एह चलते कवनो विद्यार्थी खुद से ऑनलाइन एडमिट कार्ड डाउनलोड ना कs सकी। जइसही प्रवेश पत्र जारी होई, ओह घरी छात्र अपना स्कूल में जाके क्लास टीचर भा प्रिंसिपल से संपर्क कs के एडमिट कार्ड हासिल कs सकी लोग।

परीक्षा केंद्रन पs एडमिट कार्ड जरूरी

सब परीक्षार्थियन खातिर एडमिट कार्ड परीक्षा केंद्र पs ले गइल बहुते जरूरी बा। बिना एडमिट कार्ड कवनो छात्र के परीक्षा कक्ष में प्रवेश ना दीहल जाई। एह से छात्र समय रहते अपना एडमिट कार्ड जरूर ले लेवे लोग आ सुरक्षित रखे।

18 फरवरी से 12 मार्च तक चली परीक्षा

UPMSP के तरफ से हाई स्कूल आ इंटरमीडिएट दूनो कक्षा के बोर्ड परीक्षा 18 फरवरी से लेके 12 मार्च 2026 तक आयोजित होई। परीक्षा दू गो शिफ्ट में होखे वाला बा। पहिला शिफ्ट सबेरे 8:30 बजे से 11:45 बजे तक आ दूसरका शिफ्ट दुपहरिया 2 बजे से सांझ 5:15 बजे तक चली।

52 लाख से जादे छात्र दिहें परीक्षा

बोर्ड के जारी आंकड़ा अनुसार, कुल 52,30,297 छात्र-छात्रा बोर्ड परीक्षा खातिर रजिस्ट्रेशन करवले बा लोग। एमे हाई स्कूल में 27,50,945 विद्यार्थी पंजीकृत बा लोग, जवना में 14,38,683 लईका आ 13,12,263 लईकी सामिल बा लोग। इंटरमीडिएट माने 12वीं में 24,79,352 छात्र रजिस्टर बा लोग, जवना में 13,03,012 लईका आ 11,76,340 लईकी सामिल बा लोग।

Read Also: PM Modi Malaysia Visit : ‘आतंकवाद के खिलाफ लड़ाई में मित्र देसन के साथ जरूरी’, मलेशिया में द्विपक्षीय वार्ता में बोललें पीएम मोदी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-