UP में सड़क के किनारे लागी आम, जामुन, इमली आ बेल के 7 करोड़ पौधा

UP में सड़क के किनारे लागी फलदार पौधा

Share

उत्तर प्रदेश में नदी अवुरी सड़क के किनारे आम, जामुन, आंवला, इमली, बेल, सहजन, शहतूत, जंगल जलेबी, बेर, कैथा, बहेड़ा अवुरी महुआ के 7 करोड़ से जादे फलदार पौधा लगावल जाई। वन विभाग अगिला मानसून के मौसम में फलदार पेड़ लगावे खातिर खाली सरकारी जमीन के निशान लगा रहल बा। एकरा संगे वन विभाग के नर्सरी में भी 11.12 करोड़ पौधा उपलब्ध बा।

1990 के सरकारी आदेश के मुताबिक मानसून के मौसम में जवन पौधा लगावल जाई ओकरा में से 20 प्रतिशत फलदार पौधा होई। बाकिर, राज्य में इs सरकारी आदेश के पालन नईखे होखत। आवे वाला मानसून के मौसम में राज्य सरकार वन समेत अलग-अलग विभाग के 35 करोड़ रोपनी के लक्ष्य देले बिया।

20 प्रतिशत फलदार पेड़ लगावे के निर्देश


उत्तर प्रदेश वन बल प्रमुख सुनील चौधरी बतवले फिलहाल हमनी के नर्सरी में 45.37 करोड़ पौधा उपलब्ध बा। एह में से 25 प्रतिशत यानी 11.12 करोड़ पौधा फल देवे वाला बा। सभे डीएफओ के कम से कम 20 प्रतिशत फलदार पेड़ लगावे के निर्देश दिहल गईल बा.

इहो पढ़ीं:सबेरे-सबेरे: करीं इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल हाइट

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-