Sultanpur: जिला कारागार में दुगो कैदी फांसी लगाके जान देले सs, घटना से हड़कंप, अफसरन के फोन बंद 

Share

सुल्तानपुर जिला कारागार में हत्या के ममिला में जेल में बंद दु गो कैदी फांसी लगाके आत्महत्या कs लेले बाड़े सs। एतना बड़ घटना के बाद हड़कंप मच गइल बा। सूचना मिलला पs जिलाधिकारी जसजीत कौर आ एसपी सोमेन वर्मा घटनास्थल के जायजा लिहल लो।

फारेंसिक आ डॉग स्क्वाएड के सहायता से सब पहलुअन के खंगारल जा रहल बा। कोतवाली नगर के गभड़िया के लगे जिला कारागार इस्थित बा। बुध के दुपहरिया जेल में दु कैदियन के संदिग्ध हालत में मौत के बाद सनसनी फइल गइल।

बैरक में मवजूद आउर कैदी ममिला के सुचना अधिकारियन के दिहल लो। सूचना के बाद जेल के विभागीय अधिकारी मवका पs पहुंचले आ ऊ ममिला के जांच कइलें। घटना के बाद से जेल अधीक्षक के फोन बंद बा। जवना दुनो कैदियन के जेल में मौत भइल बा। ओकनी के पहचान अमेठी जिला के जामो थाना क्षेत्र निवासी करिया पासी आ मनोज के रूप में भइल बा। ओने, नगर कोतवाल राम आशीष उपाध्याय शवन के पंचनामा कs  के पोस्टमार्टम खातिर भेज देले बाड़ें।

साभार: अमर उजाला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-